भारत दक्खिन एशिया में एगो देस बा जे प्रशासन के हिसाब से 29 राज्य आ 7 गो संघ राज्य क्षेत्र, मंडल, जिला, तहसील भा तालुका आ बिकासखंड सभ में बाँटल गइल बा। जिला से नीचे के प्रशासनिक खंड सभ में पूरा भारत में एकरूपता नइखे आ इनहन के नाँव राज्य अनुसार अलग-अलग भी हो सके ला। नीचे एह चीज के बिबरन दिहल गइल बा।

राज्य संपादन करीं

भारत में 29 राज्य आ 7 गो संघ राज्य क्षेत्र बाने।

मंडल संपादन करीं

राज्य सभ के प्रशासन के हिसाब से कमिश्नरी में बाँटल गइल बा। अंग्रेजी शासन के दौरान कई जिला सभ के मिला के एक ठो कमिशनरी होखे आ कमिश्नर एकर मुख्य अधिकारी होखें। ई लगान वसूली (रेवेन्यू) के इकाई रहल आ ला एंड आर्डर के भी।

आजादी के बाद भी ई ब्यवस्था मौजूद बा भले अलग-अलग राज्य सभ में एकर नाँव अलग होखे। उदाहरण खाती उत्तर प्रदेश में इनहन के मंडल कहल जाला जबकि बिहार में प्रमंडल कहल जाला।

जिला संपादन करीं

प्रशासन के प्रमुख इकाई हवे आ एह तरह के बिभाजन में पूरा भारत में एकरूपता बा। भारत में 2011 के जनगणना के समय कुल 640 गो जिला रहलें। हर जिला में, मुख्य अधिकारी डिस्ट्रिक्ट मजिस्ट्रेट होलें जिनके डीएम के नाँव से जानल जाला। हालाँकि ई अधिकारी अलग-अलग भूमिका अनुसार अउरी कई नाँव से जानल जालें। उदाहरण खाती रेवेन्यू के काम देखत समय कलक्टर आ ला एंड आर्डर के काम देखत समय इनके जिलाधीश कहल जाला।