भारतीय संस्कृति
भारतीय संस्कृति भा भारत के संस्कृति भारत के लोग के जीवन जिए के तरीका हवे। भारत के धर्म, भाषा, डांस, संगीत, भवन निर्माण, खानपान, आ रीति-रिवाज एक इलाका से दुसरा इलाका के बीच बहुत बिबिधता लिहले बा। भारत के ई संस्कृति इहाँ से लाखन बरिस पुरान इतिहास के परिणाम बाटे।[1][2] भारत के एह बिबिधता वाली संस्कृति के, खासतौर पर धर्म आ दर्शन अउरी खानपान के बिबिधता के पुरा दुनिया पर परभाव देखे के मिले ला।[3]
भारत दुनिया की प्राचीनतम सभ्यता और दुनिया में सबसे अधिक आबादी वाले देशन में से एगो ह।[4] भारत क संस्कृति कई चीज़ के मिला-जुला के बनेले, जेमें भारत क लम्बा इतिहास, विलक्षण भूगोल और सिन्धु घाटी क सभ्यता के दौरान बनल और आगे चलकर वैदिक युग में विकसित भइल, बौद्ध धर्म एवं स्वर्ण युग क शुरुआत और ओकरी अस्तगमन की साथ फलल-फूलल आपन खुद क प्राचीन विरासत शामिल बा। एकरी साथे-साथ ही पड़ोसी देशन क रिवाज़, परम्परा और विचारन क भी एमें समावेश बा। पिछला पाँच सहस्राब्दियन से अधिक समय से भारत क रीति-रिवाज़, सब भाषा, प्रथा और परंपरा, एकर एक-दूसरे से परस्पर संबंधन में महान विविधता क एगो अद्वितीय उदाहरण देली स। भारत कई धार्मिक प्रणाली, जैसे कि हिन्दू धर्म, जैन धर्म, बौद्ध धर्म और सिख धर्म क जनक ह। ए मिश्रण से भारत में उत्पन्न भइल विभिन्न धर्म और परम्परा से विश्व क अलग - अलग हिस्सा काफ़ी प्रभावित कइले बा।[5][6]
धर्म
संपादन करींभारत हिन्दू धर्म, बौद्ध धर्म, सिख धर्म, जैन धर्म आदि क जन्म स्थली ह, एके कुल मिलाके भारतीय धर्म कहल जाला। [7] आज, हिन्दू धर्म और बौद्ध धर्म क्रमशः दुनिया क तीसरा और चौथा सबसे बड़ा धर्म हंव स, जेमें 2 बिलियन से ज्यादा अनुयायी बान स। हिन्दू धर्म, बौद्ध धर्म, सिख धर्म, जैन धर्म क अनुयायी भारत क 80-82% जनसंख्या बनेले।
विश्व भर में भारत में धर्म में विभिन्नता सबसे ज्यादा बा, जेमें से कईगो सबसे कट्टर धार्मिक संस्था और संस्कृति शामिल बा। आजो धर्म एइजा की ज़्यादा-से-ज़्यादा लोगन की बीच मुख्य और निश्चित भूमिका निभावेला। एईजा 80% से ज्यादा लोगन क धर्म हिन्दू धर्म ह। कुल भारतीय जनसँख्या का 14.2% हिस्सा इस्लाम धर्म के मानेला, इसाई 2.3%, सिख धर्म 1.7%, बौद्ध धर्म 0.7% और जैन धर्म क अनुयायी 0.4% बान स। [8]
लेकिन भारतीय जीवन में धर्म क मज़बूत भूमिका की बावजूद नास्तिक और अज्ञेयवादियन क भी प्रभाव लउकेला।
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ जॉन केए (2011), इंडिया: ए हिस्ट्री ', 2 एड - संशोधित और अद्यतन, ग्रोव प्रेस / हार्पर कोलिन्स, ISBN 978-0-8021-4558-1, 11 के माध्यम से परिचय और अध्याय 3 देखें
- ↑ मोहम्मद मलिक (2007), भारत, आकर किताबें, ISBN 81-89833-18-9 में मिश्रित संस्कृति की नींव
- ↑ Bभारतीय संस्कृति का संक्षिप्त इतिहास. आत्माराम एंड संस. pp. 65–. GGKEY:J84PG78E1EB.
- ↑ केनोएर, जोनाथन मार्क; ह्यूस्टन, किम्बर्ले (मई 2005). प्राचीन दक्षिण एशियाई विश्व. ऑक्सफोर्ड यूनिवरसिटि प्रेस. ISBN 0-19-517422-4.
- ↑ ई. डन, रॉस. इब्न बतूता, चौदहवीं सदी के एक मुस्लिम यात्री के एडवेंचर्स. कैलिफोर्निया विश्वविद्यालय के प्रेस, 1986. ISBN 978-0-520-05771-5. ISBN 0-520-05771-6.
- ↑ थरूर, शशि. भारत: आधी रात से मिलेनियम और परे करने के लिए. आर्केड प्रकाशन, 2006. ISBN 978-1-55970-803-6. ISBN 1-55970-803-4.
- ↑ निकी स्टेफोर्ड (2006). खोया ढूँढना: अनधिकृत गाइडurl-status=live. ईसीडब्ल्यू प्रेस. p. 174. ISBN 978-1-55490-276-7. Retrieved 5 December 2013.
- ↑ "भारत, 79.8% हिंदुओं, मुसलमानों 14.2% है धर्म पर 2011 की जनगणना के आंकड़ों के मुताबिक इन". फर्स्ट पोस्ट. 26 August 2015. Retrieved 22 September 2015.
बाहरी कड़ी
संपादन करींविकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया भारत के संस्कृति पर मौजूद बा। |
- Ministry of Culture, Government of India, Links to some cultural sites and available grants for understanding the cultural diversity of India
- India - a photojournal of its culture
- Maison de L'inde An English language website in France (Cité Universitaire) dedicated to Culture of India
- AHK Deutsch-Indische Handelskammer Archived 2016-03-04 at the Wayback Machine An English language website by Indo-German Chamber of Commerce with a chapter on Culture of India
- Society for Promotion of Indian Art and Culture amongst Youth (SPIC MACAY)
- SWEDEN-INDIA PROJECT Archived 2016-05-04 at the Wayback Machine A Sweden-based effort to encourage better understanding of Culture of India, and of other cultures in India
- India and World Cultural Heritage A UNESCO site describing cultural heritage sites of India
- India's intangible cultural heritage Another UNESCO site dedicated to Indian dance and other cultural heritage
ई संस्कृति-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई भारत-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |