भिरगू बाबा के कुटी चाहे भृगु आश्रम उत्तर प्रदेश में बलिया की लगे बा। ई मानल जाला कि इहंवें भिरगू बाबा निवास करें आ तपस्या करें।

मध्यकाल के एगो सूर्य प्रतिमा एहिजा स्थापित बाटे जेह में चतुर्भुजी एक चक्र वाले रथ पर आसीन सूर्य के पद्म पीठिका पर पर्दर्शित कइल गइल बा; कमल-कलिका युक्त उनके दू गो हाथ कंधा ले उठल बाड़ें आ बाकी दुनों हाथ ठेहुना के लगे बाड़ें।[1]

  1. https://books.google.co.in/books?id=EP_VAAAAMAAJ&q=%E0%A4%AD%E0%A5%83%E0%A4%97%E0%A5%81+%E0%A4%86%E0%A4%B6%E0%A5%8D%E0%A4%B0%E0%A4%AE+%E0%A4%AC%E0%A4%B2%E0%A4%BF%E0%A4%AF%E0%A4%BE&dq=%E0%A4%AD%E0%A5%83%E0%A4%97%E0%A5%81+%E0%A4%86%E0%A4%B6%E0%A5%8D%E0%A4%B0%E0%A4%AE+%E0%A4%AC%E0%A4%B2%E0%A4%BF%E0%A4%AF%E0%A4%BE&hl=hi&newbks=1&newbks_redir=0&sa=X&ved=2ahUKEwipo86fp7z4AhUE4TgGHdsFCOUQ6AF6BAgLEAI