क्रस्ट
(भूपर्पटी से अनुप्रेषित)
क्रस्ट पृथ्वी आ पृथ्वी नियर ग्रह-उपग्रह सभ के सभसे ऊपरी परत के कहल जाला। ई ठोस चट्टानी हिस्सा होला। एकरे नीचे के परत के मैंटल के रूप में पहिचानल जाला जे ठोस भा लिक्विड दुनों किसिम के हो सके ला। पृथ्वी के क्रस्ट के दू तरह के रूप में बिभाजित कइल जाला: महादीपी क्रस्ट आ समुंदरी क्रस्ट जे रासायनिक आ भौतिक दुनों तरह से अलग किसिम के होखे लीं आ जिनहन के रचना अलग-अलग किसिम के भूबिग्यानी प्रक्रिया द्वारा भइल हवे।
ई भूबिज्ञान-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |