भूमध्य बेसिन

भूमध्यसागर के आसपास के इलाका, मुख्य रूप से एगो जीव भूगोलीय प्रदेश जे बहुत सुपरिभाषित ना बाटे

भूमध्य बेसिन (अंगरेजी: Mediterranean Basin, /ˌmɛdɪtəˈrniən/) चाहे भूमध्य क्षेत्र चाहे भूमध्य प्रदेश (अंगरेजी: Mediterranean Region) भा कभी-काल्ह मेडिटेरेनिया (अंगरेजी: Mediterranea), जीव भूगोल में भूमध्य सागर के आसपास के जमीनी हिस्सा सभ खातिर इस्तेमाल होखे वाला शब्दावली हवे जहाँ प्रमुख रूप से भूमध्यसागरीय जलवायु मिले ले आ जहाँ भूमध्यसागरीय बन, वुडलैंड आ झाड़ी वाली बनस्पति मिले ले।

भूमध्यसागरीय बेसिन के राजनीतिक आ भौतिक नक्शा

ई कौनों राजनीतिक भा सांस्कृतिक प्रदेश भा इलाका के रूप में ना परिभाषित कइल जाला बलुक जीव भूगोल के टर्म हवे। भूमध्य सागर के साथे सीमा सझिया करे वाला भा एकरे तीरे पड़े वाला यूरोप के सगरी देसन के इलाका के भूमध्यसागरीय यूरोप कहल जाला।

इहो देखल जायसंपादन