मगहर भारत के उत्तर प्रदेश राज्य के संत कबीर नगर जिला में एगो कस्बा आ नगर पंचायत बा।[1]

पन्द्रहवीं सदी के रहस्यवादी कवी कबीर साहेब एहिजा ध्यान कइलन आ सतलोक गइलन आ उनका शरीर के जगह पर सुगंधित फूल मिलल. ऊ फूल उनकर हिन्दू आ मुस्लिम दुनु चेला लोग में बाँटल गइल. इहाँ हिन्दू आ मुसलमान दू गो स्मारक बनवले बाड़े जवन 100 मीटर के दूरी पर बा आ ओहमें फूलन के आपन आपन हिस्सा रखले बाड़े।[2]

भूगोल संपादन करीं

मगहर 26.76°N 83.13°E पर स्थित बा। एकर औसत ऊँचाई 68 मीटर (223 फीट) बा।

धार्मिक महत्व संपादन करीं

ई जगह कबीर साहेब जी से जुड़ल बा। इहे उ जगह ह जहवाँ उ एह नश्वर संसार से सतलोक खातिर प्रस्थान कइले रहले। उनकर गइला के बाद उनकर चेला लोग के खाली सुगंधित फूल मिलल आ कबीर साहेब खातिर दू गो स्मारक बनवले। इहाँ के स्मारक एक दूसरा से 100 मीटर के दूरी पर स्थित बा।

जनसांख्यिकीय संपादन करीं

साल 2011 के भारत के जनगणना के हिसाब से मगहार के जनसंख्या 19,181 बाटे।