मम्फोर्डगंज भा ममफोर्डगंज (जेकरा लोग मंफोड़गंज भी उच्चारण करे ला), उत्तर प्रदेश के शहर इलाहाबाद में एगो मोहल्ला बा।[1] शहर के उत्तरी हिस्सा में बसल ई मोहल्ला प्लानिंग के साथ, अंगरेजन के जमाना के बस्ती हवे आ अपना चौकोर ग्रिड नियर बनावट वाली सड़क आ खुला रिहाइशी इलाका खाती जानल जाला। इलाहाबाद में, 1911 के आसपास के समय में इलाहाबाद म्यूनिसिपल बोर्ड (अब इलाहाबाद नगर निगम) के चेयरमैन रहल प्रशासक सर सी॰ ए॰ ममफोर्ड[2] के नाँव पर एह मोहल्ला के नाँव रखल गइल हवे।[3]

मोहल्ला ममफोर्डगंज, शहर के उत्तरी हिस्सा में बसल बा आ ई नया कटरा मोहल्ला के उत्तर ओर बा। एकर पूरुब ओर के सीमा राय बहादुर रामचरण दास रोड आ पच्छिम ओर के सीमा स्टैनली रोड से बने ला। स्टैनली रोड के पार, पच्छिम में, म्योराबाद आ कमला नगर मोहल्ला बाने। ममफोर्डगंज के पूरुब आ उत्तर ओर मलेटरी के कैंट वाला इलाका बाने।

फब्बारा चौराहा, एह मोहल्ला के सभसे मुख्य चौराहा हवे।

संदर्भ संपादन करीं

  1. Jonathan M. Bloom, Sheila Blai (2009). The Grove Encyclopedia of Islamic Art and Architecture, Volume 3. Oxford University Press. p. 57. ISBN 8125013830.
  2. John Gallagher; Gordon Johnson; Anil Seal (26 July 1973). Locality, Province and Nation: Essays on Indian Politics 1870 to 1940. CUP Archive. pp. 107–. ISBN 978-0-521-09811-3.
  3. Vikas Datta (2016-11-29). "Love and heartbreak, Allahabad style". Sg.news.yahoo.com. Retrieved 2019-01-22.[मुर्दा कड़ी]