माइनक्राफ्ट

2011 में आइल एगो बीडियो गेम

माइनक्राफ्ट (अंग्रेजी: Minecraft), माइनक्रॅफ़्ट) एगो बीडियोगेम बा जेकरा स्वीडन के बीडियोगेम डेवलपर मोजांग स्टूडियोज हवे। ई सैंडबॉक्स गेम के कटेगरी में आवे ला, मने कि अइसन गेम जे खेलाड़ी लोगन के रचना करे के स्पेस देला जहाँ ऊ लोग बिबिध किसिम के प्रयोग क सके ला। ई गेम मार्कस "नॉच" पर्सन द्वारा जावा प्रोग्रामिंग भाषा में बनावल गइल रहे। कुछ प्राइवेट टेस्टिंग के शुरुआती दौर के बाद, ई गेम पहिली बेर मई 2099 में पब्लिक के सोझा रखल गइल रहे आ पूरा तरीका से नवंबर 2011 में रिलीज भइल, एह समय जेन्स "जेब" बर्जेनस्टेन डेवलपमेंट के मुखिया रहलें। एकरा बाद से अबले ई गेम कई प्लेटफार्म सभ पृष्ठ ले जाइल गइल बा आ बेस्ट-सेलिंग, सभसे बेसी बिकाये वाला बीडियोगेम बाटे, 2021 तक ले एकर 238 मिलियन (23 करोड़ अस्सी लाख) कॉपी बिका चुकल बाटे आ 140 मिलियन मंथली एक्टिव यूजर बाड़ें।