माघ (कवी)
माघ (c. 7वीं-सदी ईस्वी) संस्कृत भाषा के एगो कवी रहलें। इनके परसिद्ध रचना महाकाब्य शिशुपालवधम् हवे। एह रचना में कुल 20 सर्ग में महाभारत के एगो कथा के बर्णन कइल गइल बा - कृष्ण द्वारा शिशुपाल के बध।
माघ | |
---|---|
पेशा | कवी |
राष्ट्रियता | भारतीय |
समय | c. 7वीं-सदी ईसवी |
बिधा | संस्कृत काब्य, महाकाब्य |
बिसय | महाभारत के कथा |
प्रमुख रचना | शिशुपालवधम् |
माघ के बारे में मानल जाला कि ई इनके असली नाँव ना रहल बलुक कबितई खातिर धारण कइल उपनाँव रहल। अकसर इनके तुलना संस्कृत के कबी भारवि के साथे कइल जाला आ इनसे परभावित भी मानल जाला।
संस्कृत महाकाब्य के रचइता लोग में कालिदास, भारवि आ माघ; तीन लोग के नाँव सभसे ऊँच मानल जाला आ त्रयी के नाँव से बोलावल जाला। एगो बहुत चलनसार उक्ति के हिसाब से कालिदास के उपमा, भारवि के अर्थगौरव आ दंडी के पदलालित्य के तारीफ के बाद माघ कवी में ई तीनों गुण एक्के संघे होखे के बात कहल गइल बा। माघ के बिद्वत्ता आ शब्दभंडार के भी खास तारीफी कइल जाला आ इनके काब्य के कठिन होखे के भी बात कहल जाला।
इहो देखल जाय
संपादन करींसंदर्भ
संपादन करींई लेख केहू कबी की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |