मार्वल सिनेमेटिक यूनिवर्स

मार्वल सिनेमेटिक यूनिवर्स (अंग्रेजी: Marvel Cinematic Universe) चाहे संछेप में एमसीयू (MCU) एगो अमेरिकी मीडिया फ्रेंचाइज आ शेयर्ड यूनिवर्स (साझा ब्रह्मांड) बाटे जे मार्वल स्टूडियोज के सुपर-हीरो फिलिम सभ पर आधारित बा। ई सगरी फिलिम सभ अमेरिकी मार्वल कॉमिक्स में छपे वाला कैरेक्टर सभ के ऊपर आधारित फिलिम हईं। फ्रेंचाइज में फिलिम सभ के अलावा टीवी सीरीज, छोट फिलिम, डिजिटल सीरिज, आ साहित्य शामिल बाटे। ई साझा ब्रह्मांड कॉमिक्स सभ के तर्ज पर, एक साथे जुड़ल कहानी, कैरेक्टर आ कहानी सभ के क्रासओभर के रूप में (एक कहानी में दुसरे कहानी से कैरेक्टर, प्लाट, सेटिंग वगैरह ले के) बनावल गइल बाड़ीं।

Marvel Cinematic Universe
Marvel Cinematic Universe intertitle from Marvel Studios: Assembling a Universe (2014)
Creatorमार्वल स्टूडियोज
Original workIron Man (2008)
Films and television
Filmsमार्वल सिनेमेटिक यूनिवर्स के फिलिम
Short filmsमार्वल वन-शॉट्स