मिशन इन्द्रधनुष भारत सरकार के महिला अउरी बाल विकास विभाग के संचालित एगो योजना बाटे जेवना के पहिला चरण के सुरुआत बिस्व स्वास्थ्य दिवस की अवसार पर 7 अप्रैल 2015 के भइल। ई योजना (मिशन) 25 दिसंबर 2014 के लांच कइल गइल रहे।[1][2] एकर मुख्य उद्देश्य बाटे हाई रिस्क एरिया, गंदी बस्ती, भट्ठा नियर अइसन इलाका में जहाँ बेमारी के खतरा बहुत होखे 0 से 2 बरिस की लड़िका-बच्चन के सात गो बेमारिन से बचाव खातिर टीका लगावल। ई सात गो बेमारी बा - डिप्थीरिया, कुकुर खाँसी, टेटनस, पोलियो, टीबी, मीसल्स आ हेपेटाइटिस बी।

इन्द्रधनुष में सात गो रंग होला जेवना के चीन्हा की रूप में चुनल गइल बा कि केहू की जिनगी में बेमारिन के करिया रंग न आवे आ सभकर जिनगी इन्द्रधनुष नियर बनल रहे। ए मिशन के भारत की 201 जिला सभ में शुरू कइल गइल बाटे आ 2020 ले एकर लक्ष्य पूरा कइल जाई।

टारगेट एरिया संपादन करीं

ए मिशन की लागू करे खातिर भारत सरकार 201 गो अइसन जिला सभ के चुनाव कइले बाटे जहाँ टीकाकरण के रफ़्तार कम चिन्हित कइल गइल बाटे।

बाहरी कड़ी संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "मिशन इन्द्रधनुष (आधिकारिक पन्ना पर)". Archived from the original on 2015-07-11. Retrieved 4 जुलाई 2015.
  2. "Shri J P Nadda launches "Mission Indradhanush"". http://pib.nic.in/. Retrieved 4 जुलाई 2015. {{cite news}}: External link in |agency= (help)