मिसिसिपी डेल्टा

मिसिसिपी नदी के डेल्टा

मिसिसिपी नदी डेल्टा एगो नदी डेल्टा हवे जे मिसिसिपी नदी के समुंदर में मिले के अस्थान पर बने ला, मेक्सिको के खाड़ी में बने वाला ई डेल्टा के इलाका अमेरिका के दक्खिनी-पूरबी हिस्सा में लुइसियाना राज्य में पड़े ला। एह डेल्टा के बिस्तार three-मिलियन-एकड़ (4,700 वर्ग मील; 12,000 किमी2) रकबा पर बा जे वरमिलियन के खाड़ी से ले के चैंडेल्योर दीप तक ले पसरल बाटे।[1] ई नदी डेल्टा मैक्सिको के खाड़ी के आ लुइसियाना के समुंद्र किनारे के नम-मैदान के हिस्सा हवे।[2] अमेरिकी भूबिज्ञानिक सोसाइटी (USGS) के मोताबिक ई डेल्टा दुनियाँ के सभसे बड़ डेल्टा सभ में 7वाँ अस्थान पर बाटे जहाँ 2.7 मिलियन एकड़ (4,200 वर्ग मील; 11,000 किमी2) एरिया पर समुंद्र-तटीय नम-मैदान बाड़ें आ अमेरिका के मुख्य भूमि के एश्चुअरी-दलदल सभ के 37% हिस्सा एहिजे बा।[1] ई समुंद्र-तीरे के इलाका अमेरिका के मुख्य भूईं के सभसे बड़का बहाव थाला हवे आ लगभग मुख्य भूमि के 41% एरिया के जलबहाव के मैक्सिको के खाड़ी में चहुँपावे ला जेकर रफ्तार 470,000 cubic feet per second (3,500,000 यूएस गैलन/s; 13,000,000 L/s) होखे ले।[3][4][5]

मिसिसिपी नदी डेल्टा के फाल्स-कलर इमेज।
2001 में लिहल सैटेलाइट इमेज में मिसिसिपी डेल्टा के एक्टिव हिस्सा; ई इमेज हरीकेन कैटरीना आ रीटा के पहिले के हवे, 2005 के बाद एकर काफी हिस्सा खतम भ गइल।

हाले में एगो खबर आइल रहल कि एह डेल्टा के एगो शहरी इलाका में महात्मा गाँधी के मूर्ती लगावल जाई।[6]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 Couvillion, B.R.; Barras, J.A.; Steyer, G.D.; Sleavin, William; Fischer, Michelle; Beck, Holly; Trahan, Nadine; Griffin, Brad; and Heckman, David, 2011, Land area change in coastal Louisiana from 1932 to 2010: U.S. Geological Survey Scientific Investigations Map 3164, scale 1:265,000, 12 p. pamphlet.
  2. Louisiana's Coastal Area. "Ecosystem Restoration." LCA – Louisiana Coastal Area. "LCA - Louisiana Coastal Area". Archived from the original on May 21, 2014. Retrieved 2014-05-20.
  3. CWPPRA: Coastal Wetlands Planning, Protection, and Restoration Act. "The Mississippi River Delta Basin." "The Mississippi River Delta Basin". Archived from the original on August 10, 2014. Retrieved 2014-05-20.
  4. Kulp, Mark; Penland, Shea; Williams, S. Jeffress; Jenkins, Chris; Flocks, Jim; and Kindinger, Jack. Spring 2005. Geologic Framework, Evolution, and Sediment Resources for Restoration of the Louisiana Coastal Zone. Journal of Coastal Research SI(44), 56-71. West Palm Beach (Florida), ISSN 0749-0208
  5. "Definition of DELTA". www.merriam-webster.com. Archived from the original on 2015-01-10.
  6. "US city in Mississippi Delta region to install Mahatma Gandhi's bronze bust". The Week (अंग्रेजी में). Retrieved 19 दिसंबर 2021.

बाहरी कड़ी संपादन करीं

निर्देशांक: 29°38′51″N 89°54′54″W / 29.6475°N 89.9149°W / 29.6475; -89.9149