मुख्य मेनू खोलीं

मीटर लंबाई नापे के इकाई ह। अंतरराष्ट्रीय मानक (एसआई) सिस्टम में ई लंबाई के नापे खाती बेस इकाई हवे, मने की बाकी के इकाई सभ एकरे xगुना भा xवाँ हिस्सा के रूप में परिभाषित कइल जालीं। उदाहरण खाती किलोमीटर के परिभाषा होखी 1000 × 1 मीटर यानी 1000 मीटर; एही तरे सेंटीमीटर के परिभाषा 1 मीटर के 100वाँ हिस्सा यानी की 1/100 मीटर। एकर एसआई इकाई (SI unit) चीन्हा m हवे,[1] देवनागरी में छोट रूप में मी लिखल जाला।

मीटर
Unit system मीटरी
Unit of लंबाई
Symbol m 
1 m in ...... is equal to ...
   एसआइ इकाई    1000 mm
1×10−3 km
   इंपीरियल/अमेरिकी इकाई    1.0936 गज
 3.2808 फीट
 39.370 इंच
   समुंद्री इकाई    0.00053996 समु-मील

एह इकाई के परिभाषा प्रकाश द्वारा वैक्यूम में एक सेकेंड में चलल जाए वाली दूरी के 1/299 792 458 भाग के रूप में दिहल गइल हवे।[2]

संदर्भसंपादन

  1. "Base unit definitions: Meter". National Institute of Standards and Technology. पहुँचतिथी 10 अक्टूबर 2017.
  2. "17th General Conference on Weights and Measures (1983), Resolution 1". पहुँचतिथी 19 सितंबर 2012.