मेहँदी
मेहँदी भा मेंहदी एक तरह के सिंगार के चीज हवे। मेहँदी के पौधा होला जेकरे पतई के पीस के बनल पेस्ट से हथोरी पर कलाकारी से डिजाइन बनावल जाला, सूख जाए के बाद एकरा के छोड़ा दिहल जाला आ हथोरी पर एकर डिजाइन लाल रंग में उतर आवे ला जे कई दिन ले बनल रहे ला। मेहदी से सिंगार करे के चलन पुराना समय से चल रहल बा आ अब्बो ई भारतीय उपमहादीप (भारत, पाकिस्तान), अफिरका के कुछ देस आ अरब देस सभ में चलन में बाटे।
ई संस्कृति-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |