मैंग्रोव बन

समुंद्र के किनारे ज्वारभाटा क्षेत्र के बन जिनहन में नमकीन पानी आ कम आक्सीजन के सहे के गुण वाली मै

मैंग्रोव बन समुंद्र के तीरे के ज्वारभाटा क्षेत्र वाला नम, दलदली इलाका के बन हवें जहाँ मुख्य बनस्पति मैंग्रोव होखे ले। मैंग्रोव बनस्पति में अइसन छोट-छोट पेड़-पौधा आवे ले जे नमकीन पानी के सह सके लें आ समुंद्री लहर के मार झेल सके लें; समुंदरी तीरे के कठिन इलाका सभ में आपन बिकास क सके लें। चूँकि, मैंग्रोव सभ बहुत ठंढा तापमान में ना रह सके लें मैन्ग्रोव बन सभ के बितरण उष्णकटिबंधीउपोष्ण कटिबंधी इलाका में पावल जाला।

तमिलनाडु के पिचावरम में मैंग्रोव बन के दृश्य
मैंग्रोव जंगल सभ के बिस्व में बितरण देखावत नक्शा।

मैन्ग्रोव सभ के 80 से बेसी प्रजाति चिन्हित कइल गइल बाड़ीं। ई सगरी प्रजाति सभ समुंदर के नमकीन पानी के सह सके लीं, ज्वारभाटा क्षेत्र में कम आक्सीजन वाला दलदली इलाका में जिंदा रह सके लीं।

पर्यावरण के हिसाब से मैंग्रोव बन चाहे मैंग्रोव जंगल सभ के कई महत्व वाला रोल बाड़ें। ई समुंद्र के किनारा के रक्षा करे लें, बहुत सारा जीव सभ के आवास उपलब्ध करावे लें आ इनहन के दलदली इलाका नीला कार्बन (ब्लू कार्बन) के भंडार के रूप में जलवायु बदलाव के रोके में मददगार होखे ला।

गंगा, ब्रह्मपुत्रमेघना नदी के डेल्टा वाला इलाका में, भारतबांग्लादेस में फइलल, सुंदरबन दुनियाँ के सभसे बड़हन मैंग्रोव बन हवे।[1]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. Centre, UNESCO World Heritage. "The Sundarbans". UNESCO World Heritage Centre (अंग्रेजी में). Retrieved 6 फरवरी 2022.