मोहम्मद हामिद अंसारी

भारत के भूतपूर्व उपराष्ट्रपति

मोहम्मद हामिद अंसारी (उर्दू: محمد حامد انصاری) (जनम 1 अप्रैल 1937) भारत के बारहवाँ (कार्यकाल अनुसार 14वाँ) आ वर्तमान उपराष्ट्रपति रहलें। उनुके एह पद पर पहिली बेर 10 अगस्त 2007 के चुनल गइल आ 11 अगस्त 2007 के ऊ पदभार लिहलें; एकरा बाद उनुके सन 2012 में 7 अगस्त के दुबारा एह पद खातिर चुनल गइल। 11 अगस्त 2017 तक ले ऊ एह पद पर रहलें। डॉ॰ राधाकृष्णन के बाद ऊ अइसन दुसरा ब्यक्ति बाड़ें जिनके भारत के उपराष्ट्रपति पद खातिर दुबारा चुनल गइल बाटे।

मोहम्मद हामिद अंसारी
محمد حامد انصاری
মহম্মদ হামিদ আনসারী
Hamid ansari.jpg
14वाँ भारतीय उपराष्ट्रपति
कार्यकाल
11 अगस्त 2007 – 11 अगस्त 2017
राष्ट्रपतिप्रतिभा पाटिल
प्रणब मुखर्जी
परधानमंत्रीमनमोहन सिंह
नरेंद्र मोदी
इनसे पहिलेभैरों सिंह शेखावत
इनके बादवेंकैया नायडू
निजी जानकारी
जनम (1937-04-01) 1 अप्रैल 1937 (उमिर 86)
कलकत्ता, बंगाल प्रेसिडेंसी, ब्रिटिश भारत
(अब कोलकाता, पच्छिम बंगाल, भारत)
राष्ट्रीयताभारतीय
राजनीतिक पार्टीनिर्दल
जीवनसाथीसलमा अंसारी
महतारी संस्थाकलकत्ता विश्वविद्यालय
अलीगढ़ मुस्लिम यूनिवर्सिर्टी
सेंट एडवर्ड स्कूल, शिमला

अपना उप-राष्ट्रपति के हैसियत से ऊ भारत के संसद के राज्य सभा के सभापति रहलें, भारतीय लोक प्रशासन इंस्टीट्यूट के प्रेसिडेंट आ पंजाब यूनिवर्सिर्टी के चांसलर भी रहलें। हामिद अंसारी एकरा पहिले एम्बेसडर आ अलीगढ़ मुस्लिम यूनिवर्सिर्टी के वाइस-चांसलर भी रहि चुकल रहलें।