मोहरोविसिक डिसकंटिन्यूइटी भा छोट रूप में मोहो पृथ्वी के अंदरूनी हिस्सा में सभसे ऊपरी परत क्रस्ट आ ओकरे नीचे वाला परत मेंटल की बीचा के बाउंडरी हवे। एकर नाँव क्रोएशिया के बिग्यानी मोहरोविसिक के नाँव पर रखल गइल हवे जे सभसे पहिले 1909 में एकर बिबरन दिहलें। ई भूडोल के तरंग सभ के गति के बदलाव पर आधारित सीमा हवे। समुंद्री क्रस्ट आ महादीपी क्रस्ट दुनों के ई सीमा मैंटल से बिलग करे ले।