यारलुंग त्सां पो गॉर्ज भा यारलुंग त्सां पो ग्रैंड कैनियन ब्रहमपुत्र नदी द्वारा हिमालय के काट के बनावल गइल बिसाल गॉर्ज (गहिरी घाटी) हवे। तिब्बत में एह नदी के नाँव यारलुंग त्सांग पो हवे आ ई नदी मानसरोवर झील के लगे आंग्सी ग्लेशियर से निकले के बाद दक्खिनी तिब्बत में पच्छिम से पूरुब ओर के बहे ले एकरे बाद अचानक अपना दहिने मुड़े ले आ हिमालय के पार करे ले; जहाँ ई नदी एह बिसाल आ ऊँच परबत श्रेणी के पार करे ले, ई गहिरी घाटी (कैनियन भा गॉर्ज) बने ले। एकरे बाद नदी भारत के अरुणाचल आ आसाम राज्य के ओर बहे ले।

The Yarlung Tsangpo Grand Canyon from space, viewed from a somewhat oblique angle. The Yarlung Tsangpo river is seen coursing through the tall, sharp peaks of snow-capped mountains.
यारलुंग त्सां पो ग्रैंड कैनियन दुनियाँ के सभसे गहिरी घाटी ह आ अमेरिका के ग्रैंड कैनियन से भी लमहर कैनियन हवे।

कुछ स्रोत के मोताबिक ई दुनिया के सभसे गहिरी घाटी हवे आ लंबाई में भी ई अमेरिका के ग्रैंड कैनियन से कुछ लमहर होखे के कारन दुनिया के सभसे बिसाल कैनियन हवे।

संदर्भ संपादन करीं