योग दिवस

21 जून, योग के उत्सव मनावे खातिर ऑफिशियल इंटरनेशनल दिवस

इंटरनेशनल योग दिवस भारतीय ज्ञान-परंपरा के चीज योग के मान्यता देवे वाला दिन हवे जे 2014 में यूनाइटेड नेशंस द्वारा अपनावे के बाद पूरा दुनिया में हर साल 21 जून के मनावल जाला। चूंकि योग व्यायाम से शारीरिक आ मानसिक भलाई खातिर काफी फायदा देखल गइल बा, संयुक्त राष्ट्र द्वारा एह कल्याण के प्रथा के वैश्विक स्तर पर बढ़ावा दिहल महत्वपूर्ण मानल गइल, जेकर सुरुआत प्राचीन भारत से भइल।

इंटरनेशनल योग दिवस
(International Day of Yoga)
अन्य नाँवयोग दिवस
मनावे वालाबिस्व भर
प्रकारइंटरनेशनल
महत्त्वOfficial United Nations promotion of global health, harmony and peace
मनावे के तरीकायोग
समय21 जून
केतना बेरसालाना
पहिली बेर21 जून 2015

"योग दिवस" ​​के पहल भारत के प्रधानमंत्री मोदी द्वारा 2014 में संयुक्त राष्ट्र के संबोधन में कइल गइल, आ एह से संबंधित प्रस्ताव के व्यापक वैश्विक समर्थन मिलल, संयुक्त राष्ट्र महासभा में 177 देस एकरा के सह-प्रायोजक रहलें, जहाँ ई सर्वसम्मति से पारित भइल। एकरे बाद पहिला अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस 21 जून 2015 के पूरा दुनिया में सफलतापूर्वक मनावल गइल जेह में न्यूयॉर्क, पेरिस, बीजिंग, बैंकाक, कुआलालंपुर, सियोल आ नई दिल्ली सामिल रहलें।