रबड़ एगो अईसन सामान होला जेकरा से कुछु लिखल चीझु चाहे दागि के मिटकावल जाला। ई बहुत आकर अउर रंग के होखेला। कोनो कोनो पेंसिल के पाछे एगो छोट रबड़ लागल रहेला।

रबड़
रबड़ परजोग कईल

सभ से पहिले रबड़ के पेंसिल से लिखला प होखे वाला भूल के मिटकावे ला भइल रहे। बादि मे सेयाहियो के मिटकावे ला रबड़ बनि गइल। सिलेट चाहे ऊज्जर बोर्ड प लिखल मिटकावे ला परजोग होखे अला समानो के रबड़ कहल जाला।

लईकन के खेले ला गमके अला रबड़

इतिहास संपादन करीं

 
पेंसिल मे लागल रबड़

रबड़ से पहिले कुछु मिटकावे ला मोम के परजोग होखत रहे, आ बलुइया पथल के झिटका सभ के परजोग सेयाही से लिखला प होखे अला भूल मे मिटकावे ला होखत रहे। 1770 मे एगो अंग्रेजी इंजिनियर एडवर्ड नैरने पहिला बेरा रबड़ बनइलन।