राघव चड्ढा
राघव चड्ढा (जनम 11 नवंबर 1988) एगो भारतीय राजनीतिक नेता आ आम आदमी पार्टी के सदस्य बाड़ें। उ भारत के पंजाब से राज्यसभा के सबसे कम उमिर के सांसद बाड़ें।[2][3] चड्ढा दिल्ली जल बोर्ड के उपाध्यक्ष रहलें आ 2022 ले दिल्ली के राजेंद्र नगर विधानसभा क्षेत्र से विधायक रहलें[4][5] उ एगो प्रैक्टिस करे वाला चार्टर्ड एकाउंटेंट भी हवें।[6]
राघव चड्ढा | |
---|---|
सांसद, राज्यसभा | |
पद पर मौजूद | |
पदभार लिहल गइल 2 मई 2022 | |
इनसे पहिले | नरेश गुजराल |
सीट | पंजाब |
दिल्ली बिधानसभा के बिधायक | |
कार्यकाल 12 फरवरी 2020 – 24 मार्च 2022 | |
इनसे पहिले | विजेंदर गर्ग विजय |
इनके बाद | दुर्गेश पाठक |
सीट | राजेंद्र नगर |
दिल्ली जल बोर्ड के वाइस चेयरमैन | |
कार्यकाल 2 मार्च 2020[1] – 22 मार्च 2022 | |
इनसे पहिले | दिनेश मोहनियाल |
इनके बाद | सौरभ भारद्वाज |
निजी जानकारी | |
जनम | दिल्ली, भारत | 11 नवंबर 1988
राष्ट्रीयता | भारतीय |
राजनीतिक पार्टी | आम आदमी पार्टी |
जीवनसाथी | परिणीति चोपड़ा (बि. 2023) |
महतारी संस्था | दिल्ली यूनिवर्सिटी Institute of Chartered Accountants of India |
प्रोफेशन | चार्टर्ड एकाउंटेंट |
वेबसाइट | www |
शुरुआती जिनगी
संपादन करीं11 नवंबर 1988 के जनमल आ नई दिल्ली में पलल बढ़ल चड्ढा के इस्कूली शिक्षा राजधानी दिल्ली शहर के मॉडर्न स्कूल बाराखम्बा रोड से भइल आ दिल्ली विश्वविद्यालय (डीयू) से स्नातक कइलें।[6] एकरा बाद उ इंस्टीट्यूट ऑफ चार्टर्ड एकाउंटेंट ऑफ इंडिया से चार्टर्ड एकाउंटेंसी के पढ़ाई कइलें, ओकरा बाद उ लंदन स्कूल ऑफ इकोनॉमिक्स में ईएमबीए के प्रमाणीकरण कोर्स खाती गइलें। अपना शुरुआती कैरियर में ऊ डेलोइट, श्याम मालपानी, आ ग्रांट थॉर्नटन समेत एकाउंटेंसी फर्मन के साथे काम कइलें।
निजी जिनगी
संपादन करींबॉलीवुड ऐक्ट्रेस परिणीति चोपड़ा के डेट करे के लगातार अफवाह के बावजूद चड्ढा कब्बो ए रिश्ता के बारे में सार्वजनिक तौर प ना बोललें। चड्ढा के सगाई परिणीति चोपड़ा से 13 मई 2023 के कपूरथला हाउस नई दिल्ली में भइल।[7][8]
राजनीतिक कैरियर
संपादन करीं2011 में चढ़ा भारत में भ्रष्टाचार के खिलाफ विद्रोह में शामिल भइlenलें, जेकरा के सामाजिक कार्यकर्ता अन्ना हजारे के नेतृत्व में भ्रष्टाचार के खिलाफ भारत आंदोलन के नाँव से भी जानल जाला। आंदोलन के दौरान उनुकर मुलाकात अरविंद केजरीवाल से भइल। चड्ढा आम आदमी पार्टी (आप) के स्थापना समय से ही ओकर हिस्सा रहल बाने।[9] केजरीवाल 2012 में दिल्ली लोकपाल विधेयक के मसौदा बनावे में उनुका के प्रोत्साहित कइलें, जवन कि उनुकर पहिला राजनीतिक काम भी रहे।[10] उ आप के टीवी चेहरा के रूप में अपना के स्थापित कइले अउरी आप के सबसे कम उमिर के राष्ट्रीय प्रवक्ता आ पार्टी के सबसे कम उम्र के प्रवक्ता में से एक भी बन गइलें।[11]
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ "AAP MLA Raghav Chadha Appointed Delhi Jal Board Vice Chairman". 2 March 2020.
- ↑ "Raghav Chadha Officially Elected to Rajya Sabha as MP".
- ↑ "Raghav Chadha, the youngest MP in Rajya Sabha, is now finance panel member".
- ↑ "Delhi's water supply situation to improve soon: Jal Board VC Raghav Chadha". LiveMint. Press Trust of India. 15 July 2021. Retrieved 29 October 2021.
- ↑ "Raghav Chadha Officially Elected To Rajya Sabha As MP". NDTV.com. Retrieved 2022-03-27.
- ↑ 6.0 6.1 "Who is Raghav Chadha". Business Standard. Retrieved 29 October 2021.
- ↑ "Parineeti Chopra gets engaged to Raghav Chadha, shares first pics: 'Everything I prayed for'". The Indian Express. Retrieved 13 May 2023.
- ↑ "Raghav Chadha, Parineeti Chopra Engagement: Couple Shares FIRST Photos; Actress Says 'I Said Yes". News18 India. Retrieved 13 May 2023.
- ↑ "School debate champ, AAP spokesperson & now Rajya Sabha MP: Tracing the rise of Raghav Chadha". 26 March 2022.
- ↑ "AAP's Raghav Chadha made Punjab unit's co-incharge".
- ↑ "AAP's Raghav Chadha made Punjab unit's co-incharge".