राजगीर के पहाड़ी सभ के राजघर ओ कहल जाला, ई पहाड़ी सभ बिहार के राजगीर नगर के लगे बाटे। ई पांच गो पहाड़ियन के समूह बाटे जेकर नांव रत्नगिरि, विपलांचल, वैभगीरी, सोनगिरी आ उदयगीरी बाटे। ई बुद्ध आ जैन सभ के महत्वपर्ण धार्मिक स्थल बाटे।[1]

राजगीर के पहाड़ी
राजघर
गिज्झकुत
Highest point
ऊँचाई120 मी (390 फीट)
भूगोल
राजगीर के पहाड़ी is located in Bihar
राजगीर के पहाड़ी
राजगीर के पहाड़ी
राजगीर के पहाड़ी
राजगीर के पहाड़ी is located in India
राजगीर के पहाड़ी
राजगीर के पहाड़ी
राजगीर के पहाड़ी (India)

ऐहमे से सभ से उंच पहाड़ी 388 मीटर उंच बाटे आ बाकी सभ पहाड़ी लमसम 300 मीटर उंच बाड़ऽसन। ई पहाड़ सभ के मधे राजगीर नगर बा, पहाड़ से छेंकाईल रहला के चलते अजातशत्रु एह नगर के आपन राजधानी बनवलस आ एकर नांव राजगृह धइलस। अजातशत्रु आपन पिता बिंबिसार के बरजोरी गद्दी से हटा के राजा बनल रहे। बिंबिसार जेकरा गौतम बुद्ध बौद्ध धरम के दीक्षा दिहले रहन, निहोरा कइलस जे होकरा पहाड़ प बंदी बनावल जाव जेने से ओकरा बुद्ध के रोज सांझे आ भीनुसारे आवत जात लउकस।

जरासंध के अखाड़ा से पहाड़ी के एगो नजारा
शांति स्तूप

आज के दिन मे जातरी लोग रोपवे से पहाड़ के ऊपर, शांति स्तूप देखे जा सकेला। अईसन मानल जाला जे बुद्ध एहिजे सद्धर्मपुण्डरीक सूत्र दिहले रहन।[2]

  1. "Rajgir Hills". Encyclopædia Britannica. Retrieved 2014-09-10.
  2. "Rajgir". Bihar State Tourism IDevelopment Corporation. Archived from the original on 2014-09-01. Retrieved 2014-09-10.