रामायण कवि वाल्मीकि द्वारा लिखल गइल संस्कृत के एगो अनुपम महाकाव्य ह। एकर 24,000 श्लोक हिन्दू स्मृति के उ अंग ह जेकरे माध्यम से रघुवंश के राजा राम के गाथा कहल गइल बा। एके आदिकाव्य भी कहल जाला।

कुछ भारतीय विद्वान कहेले कि इ 600 ईपू से पहले लिखल गइल रहल। ओकरा पीछे कारन इ बा कि महाभारत जे एकरे बाद आइल, बौद्ध धर्म के बारे में मौन ह जबकि एमें जैन, शैव, पाशुपत आदि अन्य परम्पराओं के वर्णन बा। अतः रामायण गौतम बुद्ध के काल के पहिले के होखे के चाहि। भाषा शैली से भी इ पाणिनि के समय से पहिले का होखे के चाहि। रामायण के सात अध्याय हैं जेके काण्ड के नाम से जानल जाला।