राष्ट्रिय सुरक्षा (अंग्रेजी: National security, नेशनल सिक्योरिटी) के मतलब कौनों राष्ट्र राज्य (नेशन स्टेट) के सुरक्षा से बा जेह में ओकरे नागरिक, अर्थब्यवस्था आ संस्था सभ के सुरक्षा सामिल बा आ ई काम सरकार के जिम्मेदारी (ड्यूटी) होला।

सुरू में राष्ट्रीय सुरक्षा के मतलब खाली सैनिक सुरक्षा रहे, मने कि देस पर मलेटरी हमला हो जाय तब ओह हमला से सुरक्षा; बाद में एकर अरथ ब्यापक होखत गइल आ वर्तमान में एह में आर्थिक सुरक्षा, ऊर्जा सुरक्षा, पर्यावरण सुरक्षा, खाना सुरक्षासाइबर सिक्योरिटी वगैरह चीज सामिल भ गइल बाटे। ठीक एही तरज पर राष्ट्रीय सुरक्षा खातिर रिस्क सभ में अब दुसरे देस के सेना आ मलेटरी ताकते भर ना बा बलुक बिबिध गैर-मलेटरी हिंसक ताकत सभ, नारकोटिक ब्यापार समूह सभ भा मल्टीनेशनल कार्पोरेशन वगैरह भी आ गइल बा आ प्राकृतिक आफत बिपत के परभाव भी सुरक्षा खातिर खतरा के रूप में चिन्हित कइल गइल बा।

संदर्भ संपादन करीं