रीटा भादुड़ी
भारतीय ऐक्ट्रेस
रीटा भादुड़ी (4 नवंबर 1955 – 17 जुलाई 2018) एक ठो भारतीय फिलिम ऐक्ट्रेस रहली। रीटा भादुड़ी के हिंदी सिनेमा में एक्टिंग करे खातिर बॉलीवुड ऐक्ट्रेस के रूप में जानल जाला।
रीटा भादुड़ी রীতা ভাদুড়ি | |
---|---|
Born | |
Died | 17 जुलाई 2018 मुंबई, महाराष्ट्र |
Occupations | फिलिम ऐक्ट्रेस, टीवी ऐक्ट्रेस |
Years active | 1968–2018 |
लखनऊ में जनमल भादुड़ी 70 के दशक से आपन फिलिमी कैरियर के सुरुआत कइली। एकरे बाद ई 80 आ 90 के दशक में सपोर्टिंग ऐक्ट्रेस के रूप कई ठे फिलिम में देखाई पड़ली। इनके सभसे उल्लेख जोग फिलिम राजश्री प्रोडक्शन के सावन को आने दो (1979) रहल आ राजा (1995) में इनके काम खाती इनके बेस्ट स्पोर्टिंग ऐक्ट्रेस के कटेगरी में फिल्मफेयर नामांकन मिलल रहे। सुपरहिट फिलिम जूली (1975) में ई मुख्य चरित्र जूली के सखी के रूप में रोल कइले रहली आ गाना "ये रातें नई पुरानी" इनका ऊपर फिल्मावल गइल रहल।
भादुड़ी के निधन 62 बरिस के उमिर में मुंबई के एगो अस्पताल में किडनी संबंधी समस्या के चलते भ गइल।[1]
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ "Veteran Actress Rita Bhaduri Dies At 62". एनडीटीवी. 17 जुलाई 2018.
{{cite web}}
: Italic or bold markup not allowed in:|publisher=
(help)
ई लेख कौनों एक्टर/एक्ट्रेस के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |