रीमा लागू
रीमा लागू एक ठो भारतीय फिलिम ऐक्ट्रेस रहली। रीमा लागू के मराठी आ हिंदी सिनेमा में एक्टिंग करे खातिर जानल जाला। रीमा फिलिम के अलावा रंगमंच के क्षेत्र से भी जुड़ल रहली आ लगभग चालीस साल ले रंगमंच के साथ उनके रिश्ता रहल।
रीमा लागु | |
---|---|
Born | |
Died | मई 18, 2017[1] मुंबई, भारत | (उमिर 58)
Nationality | भारतीय |
Other names | रीमा |
Occupations | फिलिम ऐक्ट्रेस, मॉडल |
Years active | 1980–2017 |
रीमा कई ठे हिंदी फिलिम सभ में महतारी के चरित्र अभिनय कइली जेह में मैंने प्यार किया, आशिकी, साजन, हम आपके हैं कौन, वास्तव, कुछ-कुछ होता है आ हम साथ-साथ हैं जइसन सुपरहिट फिलिम के नाँव गिनावल जा सके ला।
लागू के 18 मई 2017 के 59 बरिस के उमिर में हार्ट फेल होखे से निधन हो गइल।[2] एकरा पहिले उनके सीना में दर्द के शिकायत पर मुंबई के कोकिलाबेन धीरूभाई अंबानी अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहल।
अवार्ड नॉमिनेशन
संपादन करीं- 1990 - फिल्मफेयर के बेस्ट स्पोर्टिंग ऐक्ट्रेस अवार्ड - मैंने प्यार किया
- 1991 - फिल्मफेयर के बेस्ट स्पोर्टिंग ऐक्ट्रेस अवार्ड - आशिकी
- 1995 - फिल्मफेयर के बेस्ट स्पोर्टिंग ऐक्ट्रेस अवार्ड - हम आपके हैं कौन...!
- 2000 - फिल्मफेयर के बेस्ट स्पोर्टिंग ऐक्ट्रेस अवार्ड - वास्तव:दि रियलिटी
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ "wetaran actress Reema Lagoo passes away". Abpmajha.abplive.in. Retrieved 2017-05-18.[मुर्दा कड़ी]
- ↑ "नहीं रहीं बॉलीवुड की हंसती-मुस्कुराती खुशमिज़ाज मां रीमा लागू - BBC हिंदी". Bbc.com. 1970-01-01. Retrieved 2017-05-18.
बाहरी कड़ी
संपादन करीं- Reema Lagoo - इंटरनेट मूवी डेटाबेस (IMDb) पर।
- Reema Lagoo's Stills from Marathi Movie Archived 2015-12-08 at the Wayback Machine
- Interview with Reema Lagoo Archived 2010-08-10 at the Wayback Machine
ई लेख कौनों एक्टर/एक्ट्रेस के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |