रैदास भा रविदास एगो भारत के रहस्यवादी संत, कबि आ रविदस्सिया धरम के संस्थापक रहन। उत्तर प्रदेश, बिहार, गुजरात, महाराष्ट्र, मध्य प्रदेश, पंजाबहरियाणा मे इनकरा गुरु मान के बंदना कइल जाला। ई एगो कबि, साधु आ समाज सुधारक रहन। इनकर जनम सन 1377 मे भइल रहे आ इ चमार जात से रहन।

रैदास
रैदास
जनम1377 A.D.[1][2]
वाराणसी, दिल्ली सल्तनत
निधन1528 A.D.[1][2]
बनारस, दिल्ली सल्तनत
उल्लेखनीय कामरविदस्सिया धरम के स्थापना
Honorsइनकरा गुरु कहल जाला इनकर कविता गुरु ग्रंथ सहिब मे बाटे
रैदास

इनकर लिखल बात सभ के गुरु ग्रन्थ साहिब मे जगह दिहल बा। दादुपंथी संप्रदाय के पंच वाणी ओ मे इनकर कबिता सभ के धइल गइल बा। ई ऊंच आ नीच जात के भेद आ मनुवादी बिचार के बिरोध कइलन आ एगो अईसन समाज के कल्पना कइलन जेमे सभ केहू बरोबर होखे।

जिनगी संपादन करीं

बिद्वान लोग मानेला जे इनकर जनम 1377 मे भइल रहे आ ई 1528 मे मुअल रहन।[3]

इनकर जनम उत्तर प्रदेश मे बनारस लगे सीर गोबींदपुर नांव के एगो गाँव मे भइल रहे। इनकर जनम अस्थान के रविदास जनम अस्थान कहल जाला। इनकर माई के नांव माता कलसन रहे आ बाबूजी के नांव संतोख दास रहे। इनकर बाबू माई चाम के काम करत रहन, माने ई लोग चमार जात से रहे जेवन की एगो नान जात हऽ आ एकरा अछुत मानल जाला। भले इनकर काज चाम के रहे बाकिर इनकर ढेर समय गंगा तिरे बितत रहे जेहर ई आध्यात्मिक कविता लिखत रहन। आगे चलिके इनकर सूफि साधु लोग जोरे संघत भइल।

सन्दर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 Arvind Sharma (2003). The Study of Hinduism (अंग्रेजी में). University of South Carolina Press. p. 229. ISBN 978-1-57003-449-7.
  2. 2.0 2.1 Phyllis G. Jestice (2004). Holy People of the World: A Cross-Cultural Encyclopedia. ABC-CLIO. p. 724. ISBN 978-1-57607-355-1.
  3. Phyllis G. Jestice (2004). Holy People of the World: A Cross-Cultural Encyclopedia. ABC-CLIO. pp. 727–728. ISBN 978-1-57607-355-1. Retrieved 8 December 2012.