रॉबिन्सन प्रोजेक्शन (अंग्रेजी: Robinson projection) बिस्व के नक्सा देखावे खातिर बनावल गइल एक ठो नक्शा प्रोजेक्शन हवे। ई प्रोजेक्शन खासतौर पर पूरा दुनिया के एक साथ समतल सतह पर कम बिरूपण के साथ देखावे खातिर बनावल गइल रहल।[1]

रॉबिन्सन प्रोजेक्शन पर दुनिया के नक्सा
रॉबिन्सन प्रोजेक्शन आ एह पर बिरूपण देखावत टाइसौट्स इंडीकैट्रिक्स

रॉबिन्सन प्रोजेक्शन के रचना आर्थर ऍच॰ रॉबिन्सन द्वारा 1963 में कइल गइल जब उनुका से रैंड मकनली कंपनी अइसन नक्सा बनावे के कहलस जे पूरा दुनिया के एकही नक्सा पर जनरल परपज खातिर इस्तेमाल कइल जा सके। रॉबिन्सन एह नक्सा के डिटेल जानकारी के 1974 में छपववलें। एकरा बाद नेशनल ज्योग्राफिकल सोसाइटी (NGS) एह नक्सा के परयोग अपना प्रकाशन सभ में 1988 से करे सुरू कइलस।[2]

संदर्भ संपादन करीं

  1. John Noble Wilford (25 अक्टूबर 1988). "The Impossible Quest for the Perfect Map". The New York Times. Retrieved 1 मई 2012.
  2. Snyder, John P. (1993). Flattening the Earth: 2000 Years of Map Projections. University of Chicago Press. p. 214. ISBN 0226767469.

बाहरी कड़ी संपादन करीं