लइका
लइका भा लरिका या लड़िका, कम उमिर की नर मनुष्य के कहल जाला। ई शब्द छोट बालक खाती भी इस्तेमाल हो सके ला आ जवान होखे से ठीक पहिले के नौछेड़ उमिर के पुरुष खाती भी इस्तेमाल होला। शारीरिक रूप से लइका आ लइकी के बीचा में अंतर सेक्स संबंधी अंग के अंतर होखे ला; हालाँकि, जादेतर संस्कृति में बचपन से पहिनावा आ बार के इस्टाइल इत्यादि के चलते ऊपरी पहिचान भी लइका आ लइकी में अंतर करे खाती इस्तेमाल हो सके ला।
![](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/8/88/%D0%9C%D0%B0%D0%BB%D1%8C%D1%87%D0%B8%D0%BA_%28%D0%BF%D1%80%D0%BE%D1%84%D0%B5%D1%81%D1%81%D0%B8%D0%BE%D0%BD%D0%B0%D0%BB%D1%8C%D0%BD%D0%BE%D0%B5_%D1%84%D0%BE%D1%82%D0%BE%29.jpg/220px-%D0%9C%D0%B0%D0%BB%D1%8C%D1%87%D0%B8%D0%BA_%28%D0%BF%D1%80%D0%BE%D1%84%D0%B5%D1%81%D1%81%D0%B8%D0%BE%D0%BD%D0%B0%D0%BB%D1%8C%D0%BD%D0%BE%D0%B5_%D1%84%D0%BE%D1%82%D0%BE%29.jpg)
नर आ मादा के बीच के लिंग वाला लोग, हिजड़ा लोग, में आमतौर पर कम उमिर में ई भेद अस्थापित कइल मुश्किल होला आ आमतौर पर मादा गुण वाला हिजड़ा (हिजड़ी) लोग के एह उमिर में गलती से लइका बूझल जा सके ला।
एह तरीका से ई शब्द कम उमिर वाला मनुष्य खाती जीवीय रूप से नर-मादा के भेद करे के साथे साथ सांस्कृतिक रूप से एह लोग में भेद करे खाती इस्तेमाल होखे ला। एकरे अलावा एकर अउरी कई किसिम के इस्तेमाल भी हो सके ला – जइसे कि कम अनुभाव के बतावे खाती, सरल बुद्धी वाला होखे के बतावे खाती इत्यादि।
संदर्भ
संपादन करींई जीव बिज्ञान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई संस्कृति-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |