अरेराज भा लउरिया अरेराज, भारत के बिहार राज्य के पूरबी चंपारन जिला में एक ठो कस्बा बा। जिला के पच्छिमी हिस्सा में मौजूद ई जगह इतिहासी महत्व के हवे आ मानल जाला कि गौतम बुद्ध एह जगह से गुजरल रहलें। इहाँ भगवान शिव के मंदिर बा आ एगो मंदिर श्रवण कुमार के बा।[1]

अरेराज
लउरिया अरेराज
कस्बा
अरेराज is located in Bihar
अरेराज
अरेराज
बिहार में लोकेशन
Coordinates: 26°33′01″N 84°40′48″E / 26.55031°N 84.68013°E / 26.55031; 84.68013निर्देशांक: 26°33′01″N 84°40′48″E / 26.55031°N 84.68013°E / 26.55031; 84.68013
देस भारत
राज्यबिहार
जिलापूर्वी चंपारण
Population
 (2001)
 • Total20,245
भाषा
 • ऑफिशियलहिंदी
 • लोकलभोजपुरी
Time zoneUTC+5:30 (IST)
फोन कोड91 6258

आसपास के इलाका में अउरी कई जगह बौद्ध महत्व के बाड़ी जइसे कि लउरिया नंदनगढ़ में अशोक के खम्हा बा, केसरिया के स्तूप जे दुनियाँ के सभसे ऊँच बौद्ध स्तूप मानल जाला।

बिहार सरकार के एगो प्रस्ताव के मोताबिक एह जगह के बौद्ध पर्यटन सर्किट के हिस्सा के रूप में बिकसित करे के योजना बाटे।[2] भारत सरकार के अधीन काम करे वाली संस्था भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण भी इहाँ खोदाई करे के योजना बना रहल बा।[3]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं