लड्डू एक किसिम के भारतीय मिठाई हवे। ई गोल-गोल मिठाई आमतौर प बेसन, बेसन के बुनिया (बूँदी) आ अउरी कई चीज के बनावल जाला। कई बेर ई आटा, सूजी आ गोंद के भी बनावल जा सके ला। सामग्री आ बनावे के बिधी के आधार पर लड्डू बहुते किसिम के हो सके लें। एकर उत्पत्ती के अस्थान भारतीय उपमहादीप मानल जाला।

लड्डू
थाल में सजावल लड्डू
क्षेत्रभारतीय उपमहादीप
मुख्य सामग्रीआटा (पिसान), चीनी, घीव, सूखा मेवा
बिबिध रूपबेसन, सुज्जी, नारियल

लड्डू के इस्तेमाल पूजा-पाठ में परसाद के रूप में, कौनो कार-परोज में परोसे खातिर, एक दुसरे के गिफ्ट देवे खातिर चाहे कौनों खुसी के मोका पर परिचित लोगन के बाँटे खातिर होला।