लद्दाख
लद्दाख भारत के सुदूर उत्तरी हिस्सा में एगो इलाका बा आ संघ राज्यक्षेत्र बाटे। ई बड़हन क्षेत्र काश्मीर के हिस्सा हवे जेह के ले के भारत, पाकिस्तान आ चीन में 1947 से बिबाद बाटे। एकर नाँव इहाँ मौजूद हिमालय के एगो परबत श्रेणी लद्दाख श्रेणी के नाँव पर पड़ल हवे हालाँकि ई इलाका एह श्रेणी के आसपास बड़हन क्षेत्र में बिस्तार लिहले बा आ वर्त्तमान में बल्तिस्तान नियर इलाका पाकिस्तान के अधिकार में आ अक्साई चिन इलाका चीन के अधिकार में बाड़ें जे इतिहासी रूप से लद्दाख के हिस्सा रहल हवें। भारत प्रशासित इलाका के 31 अक्टूबर 2019 से संघ राज्यक्षेत्र के दर्जा दिहल गइल एकरे पहिले ई जम्मू-काश्मीर राज्य के हिस्सा रहल।
लद्दाख | |
---|---|
![]() भारत में लद्दाख | |
Coordinates: 34°10′12″N 77°34′48″E / 34.17000°N 77.58000°Eनिर्देशांक: 34°10′12″N 77°34′48″E / 34.17000°N 77.58000°E | |
देश |
![]() |
संघ राज्य क्षेत्र | 31 अक्टूबर 2019 |
राजधानी आ सभसे बड़ शहर | लेह |
जिला | 2 |
Government | |
• लेफ्टिनेंट गवर्नर | राधा कृष्ण माथुर |
• हाइकोर्ट | जम्मू अउरी काश्मीर हाइकोर्ट |
Area | |
• Total | 59,196 किमी2 (22,856 बर्गमील) |
Population (2011) | |
• Total | 274,289 |
• Density | 4.6/किमी2 (12/बर्गमील) |
Demonym(s) | लद्दाखी |
भाषा | |
• ऑफिशियल | लद्दाखी, पुरकी, शीना, तिब्बती, बलती, उर्दू, हिंदी |
Time zone | UTC+5:30 (IST) |
पिनकोड | |
Vehicle registration | लेह: JK10; कारगिल: JK07 |
मुख्य शहर | लेह, कारगिल |
शिशु मृत्यु दर | 19%[2] (1981) |
Website | http://jkladakhaffairs.nic.in/ |
वर्तमान लद्दाख के बाडर पुरुब में तिब्बत से सटल बा, दक्खिन में लाहुल-स्पीति से आ पच्छिम में जम्मू क्षेत्र, काश्मीर घाटी आ बल्तिस्तान से सटल बा जबकि एकरे उत्तर ओर के बाडर कराकोरम दर्रा के लगे चीन के जिनजियांग प्रांत के दक्खिनी पच्छिमी किनारा से सटल बाटे। ई उत्तर में काराकोरम परबत के सियाचिन ग्लेशियर से ले के मुख्य ग्रेटर हिमालय श्रेणी तक ले दक्खिन में बिस्तार लिहले बाटे।[3][4]
नोटसंपादन
- ↑ एह में अक्साई चिन (37,555 km2), नइखे सामिल जे चीन के प्रशासनिक अधिकार में बाटे।
संदर्भसंपादन
- ↑ "MHA.nic.in". MHA.nic.in. ओरिजनल से 8 December 2008 के पुरालेखित. पहुँचतिथी 21 June 2012.
- ↑ Wiley, AS (2001). "The ecology of low natural fertility in Ladakh". J Biosoc Sci. 30 (4): 457–80. PMID 9818554.
- ↑ Jina, Prem Singh (1996). Ladakh: The Land and the People. Indus Publishing. ISBN 978-81-7387-057-6.
- ↑ "In Depth-the future of Kashmir". BBC News. पहुँचतिथी 16 April 2013.
ई भारत के कौनों अस्थान भा भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |