लाइगर एगो भारत मे बनल खेल आ मार-धाड़ वला फिलिम बाटे जेकरा पुरी जगन्नाध लिखले आ निर्देसित कइले बाड़ें। हिंदी आ तेलुगु भाषा मे एके संगे सूट भइल एह फिलिम के धर्म प्रोडक्शन आ पुरी कनेक्ट्स बनइले बा। एह फिलिम मे विजय देवरकोंडा टाइटिल एमएमए फाइटर के रूप मे, अनन्या पांडे, रम्या कृष्ण, आ रोनित राय साथे मुख्य भूमिका मे बाड़ें। अमेरिकी मुक्काबाज माइक टायसन एह मे एगो कैमियो कइले बाड़न, आ ई भारतीय सिनेमा मे उनकर अभिनय के सुरुआत हऽ।