लावा (अंग्रेजी: Lava) जमीनभीतरी ताप से पघिलल चट्टानी पदार्थ होला जे कौनों दरार चाहे मुहाना से पृथ्वी के ऊपरी परत क्रस्ट के फोर से बाहर निकलेला आ आमतौर पर एकर तापमान 700 से 1200 °C होखे ला। एह गरम पदार्थ के बाद में ठंढा के जम जाए के बाद वाला रूप के भी कभीकभार लावा कहल जाला। चट्टान के पघिलाव पृथ्वी आ औरियो कुछ ग्रह आ उपग्रह पर तजबीजल गइल बाटे। जबले ई पदार्थ जमीन के भीतर रहे ला एकरा के मैग्मा कहल जाला।

संदर्भ संपादन करीं