लिंगानुपात

जनसंख्या के एगो पैरामीटर

मानव बिज्ञानजनसंख्या बिज्ञान, में लिंगानुपात कौनों जगह के जनसंख्या में आदमीऔरत सभ के संख्या के अनुपात होला। अधिकतर जीव सभ नियर मनुष्य में भी ई अनुपात 1:1 के होला। पुरा दुनिया में देखल जाय त 107 लड़िका आ 100 लइकी के अनुपात जनम के समय होला,[2] हालाँकि, ई संख्या बैज्ञानिकलोग के मंडली में बिबाद के बिसय भी बाटे। पुरा दुनिया के कुल आँकड़ा देखल जाय तब 100 औरत पर 101 आदमी के अनुपात पावल जाला,[3] आ लगभग 0.1 % से 1.7 % आबादी बीच के लिंग वाला लोग के बाटे (ई परिभाषा पर निर्भर करे ला)।[4][5]

देस अनुसार लिंगानुपात के बिस्व में बितरण देखावत नक्शा[1]
  देस जहाँ औरतन के संख्या आदमिन से ढेर बा।
  देस जहाँ औरत मरद के अनुपात लगभग बराबर बाटे। (तीन अंक ले के अनुपात गणना में, 1.00 पुरुष आ 1.00 औरत)।
  देस जहाँ आदमिन के संख्या औरतन से ढेर बा।
  आँकड़ा नामालूम

भारत में लिंगानुपात प्रति 1000 पुरुष पर औरतन के संख्या के रूप में बतावल जाला आ 2011 के जनगणना के हिसाब से ई 943 (मतलब 1000 पुरुष पर 943 औरत)।

अलग-अलग क्षेत्र में ई आँकड़ा में काफी अंतर भी देखे के मिले ला। चित्र में पुरा दुनिया के नक्शा में एही के देखावल गइल बाटे।

इहो देखल जाय

संपादन करीं
  1. आँकड़ा के स्रोत: सीआइए वर्ल्ड फैक्टबुक [1]. नक्शा के रचना 2006.
  2. "CIA Fact Book". The Central Intelligence Agency of the United States. Archived from the original on 2016-08-21. Retrieved 2016-08-03.
  3. "CIA Fact Book". The Central Intelligence Agency of the United States. Archived from the original on 2010-01-05. Retrieved 2016-08-03.
  4. "How common is intersex? | Intersex Society of North America". Isna.org. Retrieved 2009-08-21.
  5. Fausto-Sterling, Anne (2000). Sexing the Body: Gender Politics and the Construction of Sexuality. New York: Basic Books. ISBN 0-465-07713-7.

बाहरी कड़ी

संपादन करीं