लूना 25 रूसी अंतरिक्ष रिसर्च संस्था रोस्कोस्मोस के चंद्रमा पर उतरे वाला मिशन हवे। ई चंद्रमा के दक्खिनी ध्रुव के लगे गड़हा बोगुस्लाव्स्की पर उतरी। सुरुआत में एकर नाँव लूना-ग्लोब लैंडर रखल गइल रहल जेकरा के बाद में बदल के लूना 25 रखल गइल जौना से कि 1970 के दशक से सोवियत लूना प्रोग्राम के निरंतरता पर जोर दिहल जा सके, हालाँकि ई अबहिन ले ओही चीज के हिस्सा बाटे जेकरा के एक समय में लूना-ग्लोब चंद्र खोज प्रोग्राम के रूप में कांसेप्ट बनावल गइल रहे। ई पहिला चंद्रमा के जांच हवे जे रूसी अंतरिक्ष एजेंसी रोस्कोस्मोस चंद्रमा पर भेजले बिया (सोवियत संघ द्वारा भेजल गइल जांच के बावजूद) आ ई चंद्रमा के दक्खिन ध्रुव पर उतरे वाला अबतक ले के पहिला खोजी मिशन हो सके वाला रहल काहें से कि ई भारतीय मिशन चंद्रयान-3 से बाद में लांच होखला के बावजूद ओकरा ले पहिले चंद्रमा पर चहुँप गइल रहे, हालाँकि ई चंद्रमा पर सफल तरीका से लैंड ना क पवलस आ क्रैश भ गइल।

लूना 25 के लैंडर के काल्पनिक मॉडल

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं