लउरिया नंदनगढ़ भा लौरिया नंदनगढ़ भारतीय राज्य बिहार के पच्छिम चंपारन जिला में एगो छोट शहर बा। बूढ़ी गंडक नदी के बायें तीरे पर स्थित ई शहर भा कस्बा अपना इतिहासी महत्व खाती जानल जाला आ इहाँ सम्राट अशोक के लगवावल खम्हा (अशोक स्तंभ) बाटे[1] आ एगो बौद्ध स्तूप भी बा। ई कस्बा, बेतिया से बगहा जाए वाली सड़क पर उत्तर-पच्छिम दिसा में पड़े ला आ इहाँ से लगभग 14 किलोमीटर उत्तर ओर सभसे नजदीकी रेलवे टीशन नरकटियागंज में बा।

लउरिया नंदनगढ़
लौरिया नंदनगढ़
कस्बा
प्राचीन पिलर के साइडव्यू
अशोक के सिंह स्तंभ
Nickname: 
लउरिया
लउरिया नंदनगढ़ is located in Bihar
लउरिया नंदनगढ़
लउरिया नंदनगढ़
बिहार में लोकेशन
Coordinates: 26°59′0″N 84°24′0″E / 26.98333°N 84.40000°E / 26.98333; 84.40000निर्देशांक: 26°59′0″N 84°24′0″E / 26.98333°N 84.40000°E / 26.98333; 84.40000
देस भारत
राज्यबिहार
जिलापच्छिम चंपारन
भाषा
 • ऑफिशियलहिंदी भाषा
 • लोकलभोजपुरी
Time zoneUTC+5:30 (IST)
पिनकोड
845453
नजदीकी शहरनरकटियागंजबेतिया

एह जगह के नाँव एही दुन्नो इतिहासी चीज के नाँव पर पड़ल हवे। लोकल भाषा भोजपुरी में लउर के मतलब लाठी होला जे एह खम्हा (पिलर) के कारन आ स्तूप के नाँव नंदन गढ़ होखे के कारन दुनों के मिला के पड़ल हवे।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. Asha Vishnu (1993). Material Life of Northern India: Based on an Archaeological Study, 3rd Century B.C. to 1st Century B.C. Mittal Publications. pp. 119–. ISBN 978-81-7099-410-7.