विलियम वर्ड्स्वर्थ

(वर्ड्स्वर्थ से अनुप्रेषित)

विलियम वर्ड्स्वर्थ (अंग्रेजी: William Wordsworth; 7 अप्रैल 1770 – 23 अप्रैल 1850) एक ठो अंगरेज कबी रहलें। इंग्लैंड में आ अंग्रेजी साहित्य में रोमांटिक कबिता के प्रमुख कबी लोग में इनके गिनती होला आ इनहीं के साथै मिल के सैमुअल टेलर कूलरिज, संजुक्त रूप से, लिरिकल बैलड्स (1798) छपववलें आ रोमांटिक जुग के सुरुआत भइल।

विलियम वर्ड्स्वर्थ
विलियम वर्ड्स्वर्थ के पोर्ट्रेट बी. आर. हैडेन के बनावल(नेशनल पोर्ट्रेट गैलरी, लंदन)
विलियम वर्ड्स्वर्थ के पोर्ट्रेट
बी. आर. हैडेन के बनावल(नेशनल पोर्ट्रेट गैलरी, लंदन)
जनमWilliam Wordsworth
(1770-04-07)7 अप्रैल 1770
कॉकरमाउथ, कंबरलैंड, इंग्लैंड
निधन23 अप्रैल 1850(1850-04-23) (उमिर 80)
राइडल, कंबरलैंड, इंग्लैंड
पेशाकवि
महतारी संस्थासेंट जॉन्स कॉलेज, कैंब्रिज
साहित्यिक आंदोलनरोमांटिक कबिता
प्रमुख रचनालिरिकल बैलड्स, पोएम्स, इन टू वोल्यूम्स, दि एक्सकर्सन, दि प्रील्यूड, आइ वांडर्ड एज अ लोनली क्लाउड

वर्ड्स्वर्थ के मास्टरपीस रचना दि प्रील्यूड मानल जाले, ई एगो आधा-आत्मकथानुमा कबिता हवे जे इनके सुरुआती जिनगी पर आधारित हवे, जेकरा के ई कई बेर सुधरलें आ बिस्तार दिहलें। ई कबिता इनके निधन के बाद छपल आ नाँव धराइल, एकरे पहिले एकरा के आमतौर प "दि पोएम ऑफ कूलरिज" के नाँव से जानल जाय।[1] साल 1843 से ले के 23 अप्रैल 1850 के प्लूरिसी से निधन होखे तक ले, कूलरिज ब्रिटेन के पोएट लॉरिएट रहलें।[2]

संदर्भ संपादन करीं

  1. e g Dorothy Wordsworth's Journal 26 December 1801
  2. "Poet Laureate", The British Monarchy official website.

बाहरी कड़ी संपादन करीं