वाकर सर्कुलेशन

वायुमंडल में, उष्णकटिबंध में, हवा के सर्कुलेशन के मॉडल

वाकर सर्कुलेशन (अंग्रेजी: Walker circulation), जेकरा के वाकर सेल (Walker cell) के दुसरको नाँव से जानल जाला, निचला वायुमंडल (ट्रोपोस्फीयर) में उष्णकटिबंधीय इलाका में हवा के बहाव के एगो कान्सेप्चुअल मॉडल हवे। एह मॉडल के अनुसार हवा के पार्सल जोन के हिसाब से आ खड़ा-खाड़ी (वर्टिकल) दिशा में बंद सर्कुलेशन के पालन करे लें। ई सर्कुलेशन, जे मोटा-मोटी निरीक्षण सभ के अनुरूप होला, समुंद्र आ जमीन के बीच ताप के बितरण में अंतर के कारण होला। एकर खोज गिल्बर्ट वाकर कइले रहलन। जोनल आ वर्टिकल दिशा में गति के अलावा उष्णकटिबंधीय वायुमंडल में मेरिडियन दिशा में भी काफी गति होला जे उदाहरण खातिर हैडली सेल के हिस्सा हवे।

A schematic diagram of the quasi-equilibrium and ला नीना phase of the southern oscillation.

"वाकर सर्कुलेशन" शब्द के गढ़ल 1969 में नार्वेजियन-अमेरिकी मौसम बिज्ञानी जैकब बजेर्कनेस द्वारा कइल गइल।[

संदर्भ संपादन करीं