विकिपीडिया:भोजपुरी विकिपीडिया पर अंग्रेजी विकिपीडिया के लागू नीति अउरी दिसानिर्देस
![]() | This page is currently protected from editing. See the protection policy and protection log for more details. Please discuss any changes on the talk page; you may submit an edit request to ask an administrator to make an edit if it is uncontroversial or supported by consensus. You may also request that this page be unprotected. |
![]() | ई पन्ना पर भोजपुरी विकिपीडिया के कौनों नीति के बर्णन बा, ब्यापक रूप से मान्य आ स्वीकार मानक जिनहन के आम दसा में हर संपादन करे वाला के पालन करे के चाहीं। एह पन्ना में कइल जाए वाला बदलाव हमेशा आम सहमती से होखे के चाहीं। |
ई एह नीति एह बात के घोषणा ह कि कौनों बिसय चाहे मुद्दा पर भोजपुरी विकिपीडिया पर लोकल नीति आ दिसानिर्देस के अभाव में ओह बिसय से संबंधित अंगरेजी विकिपीडिया के नीति आ दिसानिर्देस के लागू मानल जाय आ, लोकल जरूरत के मोताबिक उनहन के युक्तियुक्त ढंग से पढ़ के, उनहन के हिसाब से कामकाज आ कार्रवाई कइल जाय।
तार्किकता
भोजपुरी विकिपीडिया एगो छोट विकिपीडिया हवे आ एहिजे प्रयोगकर्ता लोगन के आ बढ़ियाँ से लिखल नीति आ दिसानिर्देस सभ के कमी बा। एकरे बिपरीत अंगरेजी विकिपीडिया पर भारी प्रयोगकर्ता संख्या के राय के आधार पर आ समस्या के दसा सभ के ब्यापक अनुभव वगैरह के बाद स्थापित नीति बाड़ी स। अइसन जरूरी ना बा कि एगो ज्ञानकोश निर्माण में आवे वाली हर समस्या से भोजपुरी विकिपीडिया के समुदाय परिचित होखे; जबकि अंगरेजी पर बहुत ब्यापक अनुभव के बाद अइसन समस्या सभ के समाधान खातिर ब्यवस्थित तरीका बनावल गइल बाड़ें।
एह नीति के पहिलहूँ, लोकल नीति के अभाव में अंगरेजी के नीति अउरी दिसानिर्देस सभ के मदद लेवे के परंपरा रहल बाटे।
प्राबिधान
ई नीति, आम सहमती से स्थापित हवे आ नीचे दिहल गइल बात के प्राबिधान करे ले:
- अंगरेजी विकिपीडिया के सगरो नीति आ दिसानिर्देस, जे एहिजा युक्तियुक्त ढंग से लागू कइल जा सकें, ओही तरीका से प्रभावी मानल जइहें जइसे कि कौनों लोकल आम सहमती से बनल नीति भा दिसनिर्देस होखे, अगर अलगा से लोकल नीति भा दिसानिर्देस बना के उनहन के ओभरराइड न कइल गइल होखे।
- अंगरेजी विकिपीडिया के नीति आ दिसानिर्देस के अनुबाद क के एहिजा लिखल जा सके ला जवना से भोजपुरी प्रयोगकर्ता लोग के उनहन के समझे में सुबिधा होखे। अइसन अनुबाद नीति आ दिसानिर्देस के रूप में ओही तरीका से प्रभावी मानल जइहें जइसे कि कौनों लोकल आम सहमती से बनल नीति भा दिसनिर्देस होखे। अनुबाद में अंतर चाहे भरम के स्थिति होखे पर अंगरेजी वाला अरथ मान्य होखी।
- अइसन नीति भा दिसानिर्देस (चाहे उनहन के प्राबिधान भा प्राबिधान के कौनों हिस्सा) जे कौनों तकनीकी कारन, मूल ब्यवस्था के एहिजे अभाव के कारन, चाहे अउरी कौनों बेहवारिक कारन से एहिजा ओही तरीका से ना लागू करवावल जा सके लें, एहिजा ना लागू कइल जइहें। इनहन से संबंधित प्रश्न भा मुद्दा सोझा आवे पर नीति के मूल भावना के समझ के ओकरा अनुसार निर्णय लिहल जाई। (नीचे सीमा के खंड देखीं)
- अनुबाद ना मौजूद होखले के दसा में नीति भा दिसानिर्देस के लोकल नाँव से (आ अंग्रेजी नाँव भा शॉर्टकट से) अंगरेजी विकिपीडिया के नीति/दिसानिर्देस पन्ना खातिर अनुप्रेषण बना दिहल जाई।
- कौनों नीति भा दिसानिर्देस में खाली भर कुछे बदलाव लोकल रूप से स्थापित होखे पर अइसन प्राबिधान सभ के लोकल पन्ना पर लिख दिहल जाई आ बाकी के नीति भा दिसानिर्देस खाती अंगरेजी के पन्ना पर अनुप्रेषण बना दिहल जाई।
- अइसन लोकल नीति अउरी दिसानिर्देस सभ पर, जे एहिजे आम सहमती से अंग्रेजी के नीति भा दिसानिर्देस के ओभरराइड करे खातिर बनावल गइल होखें, खुद एह नीति के ऊपर बतावल बिधान, आ संबंधित अंग्रेजी नीति भा दिसानिर्देस एह नीति के आधार बना के ना लागू होलें।
सीमा
अंगरेजी विकिपीडिया के हर नीति आ दिसानिर्देस के आँख-मूँद ढंग से एहिजे ना लागू कइल जा सके ला। हो सके ला कि अंगरेजी विकिपीडिया के कौनों स्थापित नीति भा दिसानिर्देस के एकदम से ओही तरीका से एहिजे लागू कइल संभवे न होखे; काहे से कि एहिजे ओह चीज से संबंधित मूल ब्यवस्थवे न होखे, कौनों तकनीकी कारन होखे, भा अउरी कौनों कारन होखे।
उदाहरण खातिर, अंगरेजी विकिपीडिया पर ब्यूरोक्रेट, चेकयूजर, ओभरसाइट, आर्बिट्रेशन कमेटी वगैरह नियर कई ब्यवस्था बाड़ी स जिनहन के एहिजा अभाव बा आ उनहन से संबंधित काम मेटा विकि से करावल जाला। दूसर उदाहरण अंगरेजी विकिपीडिया पर प्रबंधक लोग के भारी संख्या बा - हो सके ला कौनों अंगरेजी नीति में तटस्थ (अनइन्वाल्व) प्रबंधक द्वारा कौनों काम के प्राबिधान होखे, जबकि एहिजा केहू तटस्थ प्रबंधक ना उपलब्ध होखे - अइसन दसा में लोकल मौजूद केहू प्रबंधक ऊ काम क सके ला।
अइसन लोकल नामौजूद ब्यवस्था संबंधी नीति; चाहे अन्य नीति सभ में इनहन से संबंधित प्रावधान एहिजे यथारूप ना लागू कइल जा सके लें। अइसन दसा में विकिपीडिया के मूल भावना के धियान में रख के, अंगरेजी विकिपीडिया के नीति आ दिसानिर्देस सभ के युक्तियुक्त ढंग से लागू करे के प्रस्ताव कइल जा रहल बाटे।
जहाँ ई नीति ना लागू होले
जरूरत आ सुबिधा के धियान में रख के लोकल रूप से नीति आ दिसानिर्देस बनावे खातिर प्रस्ताव ले आ के आम सहमती से अइसन नीति आ दिसानिर्देस बनावल जा सके लें जिनहन में अंगरेजी के स्थापित नीति से हट के बेवस्था कइल गइल होखे। अइसन नीति अउरी दिसानिर्देस सभ में बतावल प्रावधान के साथे-साथ इहो आम सहमती से पारित होखे के चाहीं कि ऊ अंगरेजी के संबंधित नीति से ऊपर मानल जाय आ एह बात के नीति में साफ़-साफ़ तरीका से चिन्हित कइल जाये के चाहीं। एकरा खातिर {{Local policy}} चाहे {{Local guidline}} से नीति के टैग कइल जाये के चाहीं (बिना आम सहमती के अइसन टैग ना लगावल जा सके लें जे ई भरम पैदा करें कि नीति भा दिसानिर्देस लोकल रूप से पारित आ लागू बा)।