रामबृक्ष धाम नेचुआ जलालपुर बिहार के गोपालगंज जिला में पर्यटन दर्शनीय एगो जगह के नाम हवे जहां मानव धरम के बारे में संत रामवृक्ष जी ढेरों जानकारी लोगन के देहले बानी आ ढेरों जिंदगियां के बनवले बानी ।ओहिजा हर साल चार फरवरी के रामबृक्ष महोत्सव धूमधाम से मनावल जाला। सालो भर एहिजा संत रामवृक्ष जी के दरशन खातिर लोग आवेला अउरी आपन मुराद पूरा खाती मनत मानगेला ।