विकिपीडिया:इतिहास में आजु/13 जून
ई इतिहास में 13 जून के भइल घटना सभ के लिस्ट बाटे, जवन मुख्य पन्ना के "आजु के दिन" खंड में देखावल जाला। नया आइटम के सुझाव देवे खातिर, आम तौर पर आप निर्भीक हो के एह पन्ना के संपादन कर सकत बानी। अगर नया बानी त संपादन करे से पहिले "इतिहास में आजु" दिशानिर्देश जरूर पढ़ीं। हालाँकि, अगर आप जवन चीज जोड़ल चाहत बानी अगर ओह पर कौनों बिबाद के संभावना होखे तब, या अगर ई पन्ना जल्दिये मुख्य पन्ना पर देखावल जाए वाला होखे तब, आपन सुझाव के एकरे वार्ता पन्ना पर लिख दीं, सीधे एही में मत जोड़ीं।
नोट करीं कि विकिपीडिया के मुख्य पन्ना पर देखावल जाये वाली चीज सभ के चुनाव ओह में कड़ी के रूप में दिहल जाये वाले लेख के क्वालिटी आ अउरी बाकी मुख्य पन्ना के आइटम के साथ तारतम्य के आधार पर होला, ई चुनाव ख़ाली भर [[वि::उल्लेखनीयता|चीज के महत्वपूर्ण या सही होखे]] के आधार पर ना होला। एक बेर में चार से ले के छह गो ले आइटम देखावल जा सके ला। एही से हर ऊ चीज जवन "बहुत जरूरी आ महत्व के होखे" इहाँ ना देखावल जा सकेला। एकरे अलावा, अगर कौनों बात के उल्लेख बीछल लेख भा बीछल फोटो में पहिलहीं हो रहल बाटे तब ओ से जुड़ल चीज इहाँ एह साल ना देखावल जाला।
जवना समय ई मुख्य पन्ना पर देखाई दे रहल होखे, आ एह में कवनों किसिम क खराबी लउके, रिपोट करे खातिर मुख्य पन्ना खराबी देखीं। धियं रहे कि ई लिस्ट एह में कड़ी के रूप में दिहल लेख सभ से कुछ अलग तरह से भी तथ्य देखावत हो सकेले। बदलाव से पहिले विकिपीडियन लोग मंडली में आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, सीधे इहाँ बदलाव मत करीं।
- १८९८ – कनाडा के नया राज्य यूकॉन टेरिटरी पहिले के नार्थवेस्ट टेरीटरीज़ से अलग हो के अस्तित्व में आइल।
- १९७१ – दि न्यूयॉर्क टाइम्स द्वारा अमेरिकी सेना के गोपनीय दस्तावेज से संबंधित रपट पेंटागन पेपर्स के छापे शुरू कइलस।
- १९८३ – पायोनियर 10 अपना अभियान में नेप्च्यून के कक्षा के पार कइलस आ पहिला मानव के बनावल चीज बनल जवन सौर मंडल के मुख्य ग्रह सभ के कक्षा से बाहर पहुँच गइल होखे।
- २०१० – जापानी अंतरिक्ष मिशन हायाबुसा पहिला अंतरिक्ष मिशन बनल जवन एगो एस्टेरायड के नमूना ले के पृथिवी पर लवटल।
- २०१५ – प्रिंस कार्ल फिलिप आ गलैमर मॉडल सोफिया हेल्क्विस्ट (फोटो में देखावल) के बियाह भइल।
- अउरी तारीख देखीं: