विकिपीडिया:इतिहास में आजु/15 सितंबर
ई इतिहास में 15 सितंबर के भइल घटना सभ के लिस्ट बाटे, जवन मुख्य पन्ना के "आजु के दिन" खंड में देखावल जाला। नया आइटम के सुझाव देवे खातिर, आम तौर पर आप निर्भीक हो के एह पन्ना के संपादन कर सकत बानी। अगर नया बानी त संपादन करे से पहिले "इतिहास में आजु" दिशानिर्देश जरूर पढ़ीं। हालाँकि, अगर आप जवन चीज जोड़ल चाहत बानी अगर ओह पर कौनों बिबाद के संभावना होखे तब, या अगर ई पन्ना जल्दिये मुख्य पन्ना पर देखावल जाए वाला होखे तब, आपन सुझाव के एकरे वार्ता पन्ना पर लिख दीं, सीधे एही में मत जोड़ीं।
नोट करीं कि विकिपीडिया के मुख्य पन्ना पर देखावल जाये वाली चीज सभ के चुनाव ओह में कड़ी के रूप में दिहल जाये वाले लेख के क्वालिटी आ अउरी बाकी मुख्य पन्ना के आइटम के साथ तारतम्य के आधार पर होला, ई चुनाव ख़ाली भर [[वि::उल्लेखनीयता|चीज के महत्वपूर्ण या सही होखे]] के आधार पर ना होला। एक बेर में चार से ले के छह गो ले आइटम देखावल जा सके ला। एही से हर ऊ चीज जवन "बहुत जरूरी आ महत्व के होखे" इहाँ ना देखावल जा सकेला। एकरे अलावा, अगर कौनों बात के उल्लेख बीछल लेख भा बीछल फोटो में पहिलहीं हो रहल बाटे तब ओ से जुड़ल चीज इहाँ एह साल ना देखावल जाला।
जवना समय ई मुख्य पन्ना पर देखाई दे रहल होखे, आ एह में कवनों किसिम क खराबी लउके, रिपोट करे खातिर मुख्य पन्ना खराबी देखीं। धियं रहे कि ई लिस्ट एह में कड़ी के रूप में दिहल लेख सभ से कुछ अलग तरह से भी तथ्य देखावत हो सकेले। बदलाव से पहिले विकिपीडियन लोग मंडली में आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, सीधे इहाँ बदलाव मत करीं।
१५ सितंबर: स्वतंत्रता दिवस: कोस्टा रिका, ऍल सल्वाडोर, गुआटेमाला, होंडूरास, आ निकारागुआ (१८२१)
- १६४४ – गोविनानी बतिस्ता पैमफिली के पोप इन्नोसेंट दसवाँ (फोटो में देखावल) के रूप में चुनल गइल।
- १८३५ – चार्ल्स डार्विन अपने यात्रा में गैलापगोस दीप पहुँचलें, जहाँ ऊ आपन क्रम बिकास के थियरी के अउरी बिकास कइलें।
- १९१६ – टैंक, ब्रिटिश आर्मी के ओह समय के "गुप्त हथियार" पहिली बेर पहिला बिस्व युद्ध में सोमे के लड़ाई में इस्तेमाल कइल गइल।
- १९३५ – नाजी जर्मनी द्वारा नूरेम्बर्ग कानून बना के जर्मनी के यहूदी लोग के नागरिकता समाप्त कर दिहल गइल आ जर्मनी के नया झंडा, उल्टा स्वास्तिक वाला, अपनावल गइल।
- अउरी तारीख देखीं: