विकिपीडिया:इतिहास में आजु/3 फरवरी
ई इतिहास में 3 फरवरी के भइल घटना सभ के लिस्ट बाटे, जवन मुख्य पन्ना के "आजु के दिन" खंड में देखावल जाला। नया आइटम के सुझाव देवे खातिर, आम तौर पर आप निर्भीक हो के एह पन्ना के संपादन कर सकत बानी। अगर नया बानी त संपादन करे से पहिले "इतिहास में आजु" दिशानिर्देश जरूर पढ़ीं। हालाँकि, अगर आप जवन चीज जोड़ल चाहत बानी अगर ओह पर कौनों बिबाद के संभावना होखे तब, या अगर ई पन्ना जल्दिये मुख्य पन्ना पर देखावल जाए वाला होखे तब, आपन सुझाव के एकरे वार्ता पन्ना पर लिख दीं, सीधे एही में मत जोड़ीं।
नोट करीं कि विकिपीडिया के मुख्य पन्ना पर देखावल जाये वाली चीज सभ के चुनाव ओह में कड़ी के रूप में दिहल जाये वाले लेख के क्वालिटी आ अउरी बाकी मुख्य पन्ना के आइटम के साथ तारतम्य के आधार पर होला, ई चुनाव ख़ाली भर [[वि::उल्लेखनीयता|चीज के महत्वपूर्ण या सही होखे]] के आधार पर ना होला। एक बेर में चार से ले के छह गो ले आइटम देखावल जा सके ला। एही से हर ऊ चीज जवन "बहुत जरूरी आ महत्व के होखे" इहाँ ना देखावल जा सकेला। एकरे अलावा, अगर कौनों बात के उल्लेख बीछल लेख भा बीछल फोटो में पहिलहीं हो रहल बाटे तब ओ से जुड़ल चीज इहाँ एह साल ना देखावल जाला।
जवना समय ई मुख्य पन्ना पर देखाई दे रहल होखे, आ एह में कवनों किसिम क खराबी लउके, रिपोट करे खातिर मुख्य पन्ना खराबी देखीं। धियं रहे कि ई लिस्ट एह में कड़ी के रूप में दिहल लेख सभ से कुछ अलग तरह से भी तथ्य देखावत हो सकेले। बदलाव से पहिले विकिपीडियन लोग मंडली में आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, सीधे इहाँ बदलाव मत करीं।
फोटो
एक बेर में कौनों एक ठो फोटो इस्तेमाल कइल जाय
इनहन के मत चुनल जाय
ब्लर्ब | कारण |
---|---|
सही उमीदवार
टिप्पणी
- १५०९ – ऑटोमन सम्राट, कालीकट के जमोरिन आ सुल्तान बर्घरा के संजुक्त सेना के दीव के लड़ाई में पुर्तगाली लोग हरा दिहल।
- १८०७ – मॉन्टेवीडियो के लड़ाई में यूनाइटेड किंगडम वर्तमान उरुग्वे के राजधानी मॉन्टेवीडियो के स्पेन से अपना कब्ज़ा में ले लिहलस।
- १९४७ – स्नैग, यूकॉन में उत्तर अमेरिका के सभसे कम तापमान रिकार्ड कइल गइल, ई −63.9 °C (−83.0 °F) ले गिर गइल रहल।
- १९६६ – सोवियत अंतरिक्षयान लुना 9 (फोटो में देखावल) चंद्रमा पर उतरे वाला पहिला बिना मनुष्य के यान बनल आ उहाँ से चित्र भेजलस।
- १९७२ – ईरान में आइल ब्लिजार्ड के पहिला दिन; सात दिन ले रहल एह बर्फानी तूफ़ान में लगभग ४,००० लोग के मौत भइल आ ई अबले के इतिहास में सभसे खतरनाक बर्फीला तूफ़ान रहल।
- अउरी तारीख देखीं: