इहाँ लेखवन के बीछल लेख की दर्जा देवे खातिर नामांकन आ चुनाव के तरीका बतावल बाटे। बीछल लेख विकिपीडिया के सबसे नीमन लेख बाटें आ इन्हन की चुनाव में सभकर स्वागत बा, केहू भी सदस्य पैमाना की हिसाब से लेख के समीक्षा आ पैमाना पर सही उतरे खातिर लेख में जरूरी संपादन कर सकत बाटे। केहू भी सदस्य कौनों लेख के जवन उनके एह लायक लागे कि ई बीछल लेख बन सकत बाटे, ओकर नामांकन कर सकत बा।
नामांकन खातिर जरूरी सावधानी:
इहाँ लेखवन के बीछल लेख की दर्जा देवे खातिर नामांकन आ चुनाव के तरीका बतावल बाटे। बीछल लेख विकिपीडिया के सबसे नीमन लेख बाटें आ इन्हन की चुनाव खातिर केहू भी सदस्य कौनों लेख के नामांकन कर सकत बाटे (अगर लागे कि लेख पैमाना की हिसाब से बा आ पैमाना पर सही उतरी) एही से इहाँ कुछ सावधानी बतावल जात बा जेवन नया नामांकन प्रस्ताव कइले से पहिले जरूरी बाटे:
नीचे दिहल लिस्ट भोजपुरी विकिपीडिया में बीछल लेख बने खातिर नामांकन भइल बाटे।
नया नामांकन करे खातिर:
सबसे पहिले, पैमाना सभ के धियान से पढ़ के निश्चित क लेईं की जवना लेख के नामांकन आप करल चाहत बानी ऊ पैमाना के हिसाब से तइयार बाटे।
लेख के वार्ता पन्ना पर जाईं आ सभसे ऊपर {{Subst:FAC}} जोड़ के सहेज दीं।
एकरा बाद उहाँ लाल रंग से देखाई पड़े वाली कड़ी "समीक्षा पन्ना बनाईं" पर क्लिक करीं; ई ईगो नया पन्ना खोल दी।
एह नवका खुलल समीक्षा पन्ना पर "नामांकन करे वाला के टिप्पणी/कमेंट..." के जगह आपन टिप्पणी लिखीं की काहें आप एकरा के नामांकन कइल चाहत बानी, आ पन्ना सहेज दीं। ई पन्ना {{विकिपीडिया:बीछल लेख नामांकन/लेख के नाँव/पुरालेख#}} के टाइटिल वाला होखी - एह टाइटिल के कॉपी क लीं।
एकरा बाद मुख्य नामांकन पन्ना पर जा के उहाँ दिहल लिस्ट में सभसे ऊपर कॉपी कइल चीज के <code>{{}}</code> के अंदर {{विकिपीडिया:बीछल लेख नामांकन/लेख के नाँव/पुरालेख#}} के रूप में जोड़ दीं। मुख्य नामांकन पन्ना पर जा के कोड पेस्ट करे खातिर इहाँ क्लिक करीं।