विकिपीडिया रणनीति
आईं जानल जाय कि विकिपीडिया के बिकास खाती वर्तमान में का कइल जा सकत बा


विकिपीडिया के वर्तमान स्थिति संपादन करीं

भोजपुरी विकिपीडिया एगो छोटहन विकिपीडिया बा। चाहे कुल लेख-टाइटिल सभ के गिनती के हिसाब से देखल जाय भा एह साइट के केतना लोग रोज देखे ला एह हिसाब से देखल जाय, हमनी के विकिपीडिया अभिन बहुत पाछे बा। बहुत दिना पहिले, साल 2007 में सुरू होखे के बादो अभिन ले इहाँ 10 हजार लेख-टाइटिल भी ना बाड़ें जबकि कई गो भारतीय भाषा सभ में लेखवन के संख्या एकरा ले बहुत ढेर बाटे। एही तरीका से, हमनी के विकिपीडिया के रोज करीबन 10 हजार से कुछे ढेर पेजव्यू मिले ला। दुनिया भर के सभ भाषा सभ में तुलना कइल जाय तब स्थिति अतना खराब ना बुझाता। कुल 299 भाषा सभ में विकिपीडिया के प्रोजेक्ट बाने जेह में 288 गो चालू स्थिति में बाने। एह सभ में अगर भोजपुरी विकिपीडिया के रैंक देखल जाय तब लेख संख्या के मामिला में भोजपुरी विकिपीडिया 140वाँ पौदान पर बा। सितंबर 2017 में, कुल पेजव्यू के हिसाब से हमनी के विकिपीडिया 115वाँ जगह पर रहल। यानी संख्या के मामिला में हमनी के बीचोबीच बानी जा, आ देखल जाए के हिसाब से, बीचोबीच से कुछ ऊपर के रैंक पर बानी जा। हालाँकि, एह आँकड़ा सभ के अलावा भी कई चीज धियान देवे लायक बा। वजह ई बा की विकिपीडिया एगो ज्ञानकोश हवे। एकर असली मकसद हवे सहज भाषा में, जहाँ तक संभव होखे - आम बोलचाल के भाषा में जानकारी उपलब्ध करावल। एकरे गुणवता के इहे पैमाना होखे के चाहीं कि केतना निम्मन से नीमन लेख इहाँ मौजूद बाने। दिक्कत ई बा कि एह बात के नापे के सीधा-सीधा कवनों तरीका नइखे आ कवनों आँकड़ा भा गिनती के रूप में ई बात एकदम सटीक तरीका से ना बतावल जा सके ला, हँ ई जरूर बा कि कुछ अनुमान जरूर लगावल जा सकत बा।

हमहन के प्राथमिकता का बा? संपादन करीं

बिबिध बिसय पर पहिले से मौजूद प्रामाणिक ज्ञान के संदर्भ के साथ आ ज्ञानकोश के शैली में प्रस्तुत कइल विकिपीडिया के मूल मकसद बाटे। हमनी के मकसद बा कि महत्वपूर्ण जानकारी लोग तक मुफ्त में आ अपना महतारी भाषा में पहुँचे। एह मकसद के पूरा करे के दिसा में विकिपीडिया के वर्तमान स्थिती के धियान में रख के प्राथमिकता तय कइल जाय त कई काम बाने जिनहन में आपस में कवना के ढेर आ कवना के कम महत्त्व दिहल जाय ई तय कइल जा सके ला:

लेखवन के गुणवत्ता बढ़ावल संपादन करीं

वर्तमान में विकिपीडिया पर लेखवन के गुणवत्ता के नीक बनावल सभसे पहिला प्राथमिकता बाटे। विकिपीडिया के सुरुआत से ले के अबतक ले इहाँ बहुत सारा छोट-छोट आधार लेख बना लिहल गइल बाने। अब हमनी के प्राथमिकता ई बा कि ढेर छोट-छोट लेख बनावे के बजाय पहिले से बनल लेख सभ के बिस्तार कइल जाय, उनहन के सुधार कइल जाय आ अधिका-से-अधिका प्रामाणिक संदर्भ दे के उनहन के बिस्वसनीयता में बढ़ती कइल जाय। एकर दू गो साफ-साफ फायदा बा: विकिपीडिया के मूल मकसद पूरा होखे में लेख के गुणवत्ता बहुत जरूरी बा जवना के पुरती होखी। आ हमनी के विकिपीडिया के पहुँच भी बढ़ी जब लोग के नीक लेख आ पर्याप्त जानकारी पढ़े के मिली।

विकिपीडिया के पहुँच बढ़ावल संपादन करीं

विकिपीडिया के पहुँच ज्यादा से ज्यादा लोग तक ले होखे आ एकरे पाठक आ इहाँ संपादन करे वाला लोग के संख्या में बढ़ती कइल जा सके ई दुसरा नंबर पर महत्वपूर्ण चीज बा। ज्यादा से ज्यादा लोग तक मुफ्त में ज्ञानकोश के जानकारी पहुँचे ई विकिपीडिया के मूल मकसद के पूरा करी। साथे-साथ जेतने ज्यादा लोग विकिपीडिया के पढ़ी भा एकरे बारे में जानी, ओतने संभावना बा कि इहाँ लिखे में भी सहजोग करी आ विकिपीडिया पर अउरी संपादक लोग मिली।

जरूरी आ पापुलर बिसय सभ पर लेख बनावल संपादन करीं

विकिपीडिया के ओभरआल गुणवत्ता आ पहुँच के बढ़ावे खाती इहाँ महत्वपूर्ण बिसय सभ पर आ इंटरनेट प बहुत खोजल-पढ़ल जाए वाला बिसय सभ पर लेख बनावल जरूरी बा। हालाँकि, अइसन लेख बनावे में नया बने वाला लेखवन के भी बढ़ियाँ तरीका से बनावल जरूरी बा आ नया लेख बनावे के बिसय बीछे में खास धियान आ नियंत्रण के जरूरत बा जवना से कि कम महत्त्व वाला लेख न बने बलुक ई काम भाबिस्य खाती छोड़ल जाय।

का कइल जाय? संपादन करीं

  1. पहिले से मौजूद लेख सभ में से महत्व वाला आ ज्यादा देखल जाए वाला लेख सभ के बीछ के उनहन के बढ़ावल जाय। महत्त्व के बिसय आ ज्यादा देखल जाए वाला लेख के सूची देखत रहल जाय आ एह सूची सभ में आवे वाला लेख सभ के गुणवत्ता लगातार बेहतर बनावत रहल जाय।
  2. पहिले से बनल लेख सभ में गुणवत्ता स्तर के आँकलन कइल जाय। एकरा खाती आँकलन के पैमाना के इस्तेमाल कइल जाय।
  3. एक वाक्य वाला भा बहुत छोट भूमिका वाला लेख सभ में माझिल आकार के सुघर भूमिका लिखल जाय।
  4. कोसिस कइल जाय कि जब कौनों आधार लेख के बढ़ावल जाय तब ओकरा के 25,000 से 35,000 बाइट्स के ऊपर के साइज ले पहुँचा के छोड़ल जाय, हालाँकि ई खाली साइजे बढ़ावे खाती ना होखे के चाहीं बलुक बिसय के ऊपर बढ़ियाँ से लिखल जानकारी भी होखे।
  5. जौना भी लेखवन में ज्ञानसंदूक, चित्र या साइडबार लगावल जा सकत होखे, जरूर लगावल जाय।
  6. बाहरी कड़ी कम से कम रखल जाय आ एह में प्रमाणिक भा ऑफिशियल कड़ी रखल जाय (देखीं: बाहरी कड़ी)
  7. दुसरा विकि के कड़ी कम से कम रखल जाय, बिना जरूरत के न रखल जाय।
  8. “इहो देखल जाय” खंड में मूल बिसय से संबंधित अन्य लेखन के कड़ी जरूर दिहल जाय।
  9. छोटहन लेखवन के बिस्तार करत समय, सटीक श्रेणी जोड़ल जाय।
  10. नया लेख बनावे समय हमेशा धियान दिहल जाय कि लेख के देखल जाए के संभावना ढेर होखे या फिर लेख कौनों बहुत जरूरी मूल बिसय पर होखे।
  11. नया लेख भी बनावल जाय तब ऊपर बतावल साइज,भूमिका, चित्र आ ज्ञानसंदूक वगैरह के साथ बनावल जाय। भरसक नया लेख आधार रूप में न बनावल जाय।
  12. कुछ बहुत महत्व के आ ढेर देखल जाए वाला लेख सभ के सुधार आ बिस्तार क के नीक लेख आ हो सके त बीछल लेख बनावल जाय।
  13. समय अनुसार चर्चा में आवे वाला बिसय सभ पर धियान दिहल जाय आ ओह चीज से संबंधित पुरान लेखवन के बिस्तार कइल जाय। बहुत चर्चित बिसय खाती समाचार आ हाल के घटना पर नजर रखल जाय। उदाहरण खाती कहीं भूकंप आवे तब आप ओह जगह, देस के लेख के देखीं आ खराब हालत में होखे त सुधारीं।
  14. लेखवन के आपस में कड़ी जोड़ के विकिपीडिया पर एक लेख से दुसरा लेख में जाए खाती सुबिधा के मजबूत कइल जाय। एह चीज के अइसे पोढ़ कइल जाय कि केहू एगो लेख पढ़े आवे तब कई गो लेख पढ़ के तबे वापस लवटे। हालाँकि, एकही लेख में भरसक कोसिस रहे कि दुसरे लेख के कड़ी एक्के बेर आवे, कई बेर कड़ी न जोड़ल जाय। (देखीं: विकिकड़ी जोड़ल)
  15. मुख्य पन्ना पर तीन गो आइटम बाने जिनहन खाती नया लेख बनावल जाय आ बढ़ियाँ स्तर के बनावल जाय तब अइसना से मुख्य पन्ना पर आवे के बाद ऊ लेख लोग ज्यादा देखीं। हप्ता के फोटो, का आपके मालुम बा, आ समाचार में – ई तीनों खंड खाती ज्यादा-से-ज्यादा आ बढ़ियाँ गुणवत्ता वाला लेख बनाईं।

ऊपर बतावल गइल चीज सभ एक तरह से इशारा भर बा। आपो एह पन्ना के बार्ता पन्ना पर विकिपीडिया के बिकास खाती अइसन कुछ उपाय के सुझाव दे सकत बानी। हँऽ अगर आप नया बानी, ऊपर बतावल तरीका सभ के पालन क के विकिपीडिया के तेजी से बिकास में मदद कर सकत बानी। मिलजुल के काम करे आ रणनीति के हिसाब से काम कइल बहुत जरूरी बा बजाय आपन मन से नया लेख बनावे के। एही से एह पन्ना पर लिखल चीज अनुसार चले के आप से आगरह बाटे।