विकिपीडिया:विकिपीडिया का ना हवे

विकीपीडिया एगो ऑनलाइन ज्ञानकोश हऽ, साथे-साथ ई ओह सगरी ऑनलाइन लोग के समाज जे लोग आपस में सहजोग आ सम्मान की भावना के साथ एगो बेहतरीन ज्ञानकोश बनावे में जुटल बाटे। एही वजह से, कुछ अइसन चीज भी बा जवन विकिपीडिया ना हवे।

रूपरंग आ शैली

विकिपीडिया कागज पर छपल ज्ञानकोश ना हवे

विकिपीडिया कागज पर छपल ज्ञानकोश नइखे, बलुक ई डिजिटल ज्ञानकोश प्रोजेक्ट बा। प्रमाण सहित होखला, सत्यापन जोग होखला आ कुछ अउरी नियम के अनुसार होखला के आलावा एह बात पर अउरी कौनों सीमा नइखे बान्हल गइल कि केतना बिसय सभ पर इहाँ लेख रखल जा सकत बाटे या कौनों लेख में केतना सामग्री हो सकेला। हालाँकि, एह बारे में जरूर भेद होला की का कइल जा सकत बाटे आ का करे के चाहीं, जवना के सामग्री खण्ड में नीचे बतावल गइल बा। परिणाम के रूप में, ई नीति की ई डिजिटल बा आ कौनों सीमा नइखे, लेख आ सामग्री शामिल करे खातिर फिरी पास ना दे देले: लेख सभ के सगरी उचित सामग्री नीति सभ के पालन हर हाल में करही के पड़ी, खास तौर से उनहन के जिन्हन के जिकिर पंचशील में कइल गइल बा।

लेख के साइज तर्कसंगत रूप से रखला के पीछे भी कुछ महत्व के बात ई बा की लेख तक पहुँचे वाला लोगन के सुबिधा के धियान रखल जाला। धीरे चले वाला डायल-अप कनेक्शन, आ मोबाइल पर पढ़े वाला लोगन के सुबिधा के धियान रखल जरूरी हो जाला काहें की लेख के बड़ा साइज के होखल सीधे लेख के डाउनलोड होखे के टाइम आ सहजता के प्रभावित करे ला (देखीं लेख के आकार)। एही से लेख के कई हिस्सा में तूर के मूल लेख में संछेप रखल आ उपबिसय पर अलगा से लेख बनावल एगो बेहतरीन तरीका बा जवन बिसय के बिस्तार खातिर इहाँ अपनावल जाला (देखीं संछेपन)। कुछ बिसय अइसन होलें जिनहन पर कागजी ज्ञानकोश में बहुत संछेप में जानकारी होला भा ऊ अक्सर अपडेट ना कइल जा सके लें, विकिपीडिया पर अइसन नइखे आ इहाँ अइसना लेखवन में भी ढेर जानकारी आ बाहरी कड़ी रखल जा सके ला या बदले वाला जानकारी वाला लेखवन के जल्दी-जल्दी अपडेट कइल जा सके ला। ई एकरे डिजिटल होखले के फायदा बाटे।

ज्ञानकोश लायक सामग्री

एह ज्ञानकोश में कौनों जानकारी खाली ए वजह से ना शामिल कइल जा सके ले की ऊ सही बा या उपयोगी बाटे। कौनों ज्ञानकोशीय लेख सगरी संभव बिबरण के ढेर भी ना होखे के चाहीं, बलुक ई अपने बिसय पर सर्वमान्य जानकारी के संछेप भर होखे के चाहीं।[1] सत्यापन जोग आ संदर्भ के साथ दिहल जानकारी के उचित वजन के हिसाब से लिखे के चाहीं।

अगिला उपखण्ड सभ में अइसन उदाहरण दिहल जात बाने जिनहन पर विकिपीडिया के परंपरा में आम सहमती बा की ई उदाहरण एह बात के समुझावे खातिर बहुत नीक बाड़ें की विकिपीडिया का ना हवे। धियान रहे की ई उदाहरण सबकुछ ना बतावे लें बलुक ओही तरे बाने जईसे की चाउर के एक ठो दाना देख के भात पाके के परीक्षा कइल जाला।

विकिपीडिया डिक्शनरी ना हऽ

विकिपीडिया डिक्शनरी ना हवे , या कौनों शब्द के प्रयोग बिधि या बिभिन्न रूप में इस्तेमाल समझावे वाला जगह ना हवे:

  1. परिभाषा लेख सभ के बढ़ियाँ परिभाषा या बर्णन के साथ शुरू होखे के चाहीं, बाकी अइसन लेख जवना में खाली कौनों शब्द के परिभाषा भर लिखल बा ओकरा के बढ़ावे के चाहीं। अगर ओकरा के बढ़ावल संभव नइखे तब ऊ विकिपीडिया के लायक बिसय ना मानल जाई। बहुत कम बिसय अइसन बाड़ें जिन्हन में खाली कौनों शब्द के परिभाषा भी ज्ञानकोश के लायक मानल जा सके ले, उदाहरण खातिर ग्रह के परिभाषा
  2. डिक्शनरी एंट्री ज्ञानकोश के लेख कौनों व्यक्ति, समूह (ग्रुप), कंसेप्ट, जगह, चीज या कौनों घटना के बारे में होला। कबो-कबो लेख के शीर्षक एगो शब्द जरूर हो सकेला, बाकी एकर मतलब ई ना बा की लेख ओह शब्द के बारे में आ ओकरा इस्तेमाल के बारे में बनावल बा। लेख हमेशा ओह चीज के बारे में होला जेवना ओर ऊ शब्द इशारा करत बाटे। अपवाद के रूप में संख्या (आ ओकरे सांस्कृतिक अर्थ) पर लेख ज्ञानकोश के बिसय मानल जाला।
  3. शब्दप्रयोग, भावार्थ, कठबोली (स्लैंग) आ/या मुहावरेदार अरथ भाषा, बोली, कठबोली (स्लैंग) पर लेख जरूर बनाईं। बाकी कौनों भाषा, बोली वगैरह सिखावे के गाइड नियर लेख मत बनाईं। देखीं "विकिपीडिया कौनों मैनुअल, गाइड, पाठ्यपुस्तक, या बैज्ञानिक जर्नल ना हवे", जवन नीचे के खंड में दिहल बाटे।

विकिपीडिया आपन मूल बिचार के प्रकाशन के जगह ना हवे

विकिपीडिया कौनों अइसन जगह ना हवे जहाँ आप आपन मूल बिचार या कौनों खोज, या नई जानकारी छाप सकत बानी। हमनी के मूल रिसर्च नीती के अनुसार चलीं आ इहवाँ नीचे दिहल चीज में से कौनों के खातिर विकिपीडिया के उपयोग मत करीं:

  1. प्राइमरी (ओरिजिनल) रिसर्च, जइसे की कौनों नया सिद्धांत के प्रस्ताव, प्रश्न के नया हल, मूल आइडिया, कौनों चीज के नई परिभाषा, कौनों चीज खातिर नया गढ़ल शब्द। आपन अइसन रिसर्च कौनों जर्नल में या कहीं अउरी दूसर जगह छपवाईं। जब आपके खोज कौनों स्तरीय आ सम्मानित जर्नल में या प्रकाशन से छप जाय तब विकिपीडिया ओकरा के इस्तेमाल उद्धरण देवे में कर सकत बाटे। हालाँकि ई हमेशा उद्धरण नीतिबिस्वसनीय स्रोत के नीति के आधार पर तय होखी की सामग्री सत्यापनीय बा की ना आ कहीं लेखक के राय भर पर आधारित त नइखे।
  2. व्यक्तिगत आविष्कार फर्ज करीं की आप या राउर केहू दोस्त-मित्र एगो नया शब्द गढ़ लिहल "फ़्रिन्डल", या एगो नया किसिम के नाच खोज लिहल, या लड़िकन के खेले खातिर नया खेल बना दिहल। अब ई विकिपीडिया पर लेख बनावे लायक उल्लेखनीय तब ले ना मानल जाई जबले की अन्य जगह पर सम्मानित प्रकाशन आ पत्र-पत्रिका में एकर ब्यापक चर्चा न होखे आ एकरा बारे में अन्य जगह पर्याप्त सामग्री न लिखल गइल होखे। विकिपीडिया एक दिन में बनल जानकारी खातिर ना हवे
  3. व्यक्तिगत निबंध कौनों टॉपिक पर आपके बिसेस भावना होला (न की कौनों एक्सपर्ट के राय)। विकिपीडिया मानव ज्ञान के एकट्ठा करे के कोसिस जरूर बा, बाकी ई ब्यक्तिगत राय के अइसन ज्ञान के हिस्सा बनावे के जरिया ना हवे। बहुत कम मौका पर, अइसन कौनों बिसेस परिस्थिति में, जहाँ केहू ब्यक्ति के कौनों बिसय पर ब्यक्तिगत राय अतना महत्व वाली होखे की ऊ चर्चा के बिसय बन सके, तब अउरी दूसर लोगन के ओकरा बारे में लिखे दीं। (आपके विकिपीडिया के बारे में ब्यक्तिगत राय या बिचार के निबंध के रूप में लिखे के खातिर आपके नाँवस्थान में संछेप में या फिर Meta-wiki|मेटा विकी पर लिखे के कुछ सीमित मौका जरूर उपलब्ध करवावल जा सकत बाटे, बाकी विकिपीडिया के लेख में ई सभ कबो मत लिखीं।)
  4. बहस के मंच आपसे अनुरोध बा की इहाँ ज्ञानकोश बनावे के मूल लक्ष्य पर आपन धयान केंद्रित राखल जाय। रउआं अउरी सदस्य लोगन के साथ उनहन लोग के बातचीत पन्ना पर बात कर सकत बानी जेवना से विकिपीडिया के बेहतर बनावे में मदद मिले, चाहे आप कौनों लेख के बेहतर बनावे आ समस्या के निदान करे खातिर ओह लेख के वार्तालाप पन्ना पर बात कर सकत बानी, लेकिन चर्चा या बहस के लेख में मत ले जाईं। बातचीत पन्ना भी कौनों आम चर्चा के अस्थान ना हवें, चाहे ऊ लेख के बिसय के बारे में भी होखे।[2] लेख के वार्ता पन्ना कौनों टेक्नीकल मदद मांगे के जगह भी ना हवे।[3] वार्ता पन्ना के खातिर अनुचित सामग्री के वार्ता पन्ना दिशानिर्देश के अनुसार हटा दिहल जा सकत बाटे।

विकिपीडिया भाषण देवे या परचार करे के मंच ना हवे

विकिपीडिया मंच ना हऽ, न लड़ाई के मैदान हवे, ना त ई कौनों प्रोपेगंडा करे, बिज्ञापन करे या अपनी बात के सामने रखे के जगह हवे। ई सभ बात सदस्य नाँवस्थान, लेख, श्रेणी, फाइल, बातचीत पन्ना के चर्चा, टेम्पलेट, आ सदस्य पन्ना नियर सगरी जगह पर लागू होले। एही से विकिपीडिया पर डालल जाए वाली कौनों भी सामग्री के निचे लिखल चीज खातिर ना होखे के के चाहीं:

  1. कौनों भी तरीका के दलील/वकालत, परचार, या भरती खातिर: ब्यावसायिक, राजनीतिक, बैज्ञानिक, धार्मिक, राष्ट्रीय (या राष्ट्रवादी, क्षेत्रवादी, समूहवादी), खेल-संबधी, या अन्य दूसर। कौनों लेख ऊपर गिनावल चीज के "बारे में" वस्तुनिष्ठ (ऑब्जेक्टिव) तरीका से रिपोट कर सकत बाटे जबले की ऊ बिसय के तटस्थ रूप से बिबरण बर्णन करे के कोसिस होखे। अगर आप कौनों बिसय पर आपन बात मनवावल चाहत बानी या अपनी राय के प्रतिष्ठा चाहत बानी तब इंटरनेट पर दूसर कौनों मध्यम जईसे की ब्लॉग वगैरह के प्रयोग करीं। इहाँ ई सब कभी मत करीं।[4]
  2. राय: बहुत अइसन बिसय हो सके लें जवन बिबाद के बिसय होखें या हाल के घटना के चलते राउर बहुत मन होखे की रउआं आपन बिचार ओह बिसय पर दुनिया के बताईं। विकिपीडिया एह काम के माध्यम ना हवे। लेख में कौनो तरह के प्रविष्टि (एंट्री) दर्ज करे में बैलेंस होखे के चाहीं, खास तौर पर हाल के घटना सभ पर लेख में, एगो तार्किक आ विवेक आधारित दृष्टिकोण के साथ होखे के चाहीं, आ तटस्थ दृष्टिकोण के साथ होखे के चाहीं। अउरी भी, विकिपीडिया के लेखक लोग के अइसन बिसय न चुने के चाहीं जवन जल्दिये उल्लेखनीय न रहि जाय।
  3. स्कैंडल फइलावल: अइसन चीज के बढ़ावा दिहल जवन कहीं सुन लिहल गइल होखे या अफवाह या गप्प होखे। लेख आ सामग्री जवन जियत लोग के जीवनी के बारे में होखे खास तौर पर हाई स्टैंडर्ड के होखे के चाहीं नाहीं त ऊ मानहानि के दर्जा में आ सके ला (जवन कानूनन गलत होई) या व्यक्ति के प्राइवेसी के खिलाफ हो सके ला। कौनों लेख कभी भी अइसे ना लिखल होखे के चाहीं की ऊ केहू पर हमला के नियर होखे आ ओह आदमी के रेपुटेशन खराब करे वाला होखे।
  4. आपन प्रमोशन आ व्यक्तिगत परचार: आप अपने बारे में लिखे के आ अपनी कौनों उपलब्धि के गिनावे भा कौनों अइसन प्रोजेक्ट के बढ़ावा देवे खातिर जवना से आप के निजी जुड़ाव होखे, लेख लिखे के लालच में पड़ सकत बानी। ई हमेशा याद राखल जाय की अइसन पन्ना पर भी विकिपीडिया के स्टैंडर्ड के नीतिनियम हमेशा ओही तरे लागो होखी जईसे की अउरी बाकी पन्ना सभ पर होला। एह बात में तटस्थ दृष्टिकोण के होखल हमेशा जरूरी बा जवन कि अपने खुद के बारे में या अपनी जुड़ाव के बिसय में लिखत समय बहुत मुश्किल बाटे। आत्मकथा नियर चीज के लिखत समय बहुत ढेर कड़ी आ संदर्भ दे के लिखल वर्जित बाटे। अइसना लेख के बनावे से पहिले देखीं: आत्मकथा, उल्लेखनीयताविकिपीडिया:व्यक्तिगत झुकाव
  5. बिज्ञापन, मार्केटिंग भा पब्लिक रिलेशन: कौनों कंपनी आ उत्पाद के बारे में लिखत समय हमेशा तटस्थ आ बिना झुकाव या लगाव के लिखे के होला, बेमतलब बड़ाई करे से बचे के चाहीं। सगरी लेख कुल हमेशा सत्यापन जोग होखे के चाहीं जवना में स्वतंत्र, तिसरका पार्टी के दिहल स्रोत के संदर्भ होखे, एही से कौनों छोट मोट लोकल कंपनी गैराज वगैरह के बारे में लेख मान्य ना होला। व्यावसायिक संस्था के बारे में बाहरी कड़ी स्वीकार होला अगर ऊ उल्लेखनीय संस्था होखे आ ओकरे बारे में पर्याप्त जानकारी अउरी जगह मौजूद होखे। विकिपीडिया कौनों संस्था के प्रमाणित करे या ओकरे साथ जुड़ के काम करे के चीज ना हवे। अउरी जानकारी बदे en:Wikipedia:संस्था आ कंपनी के उल्लेखनीयता पर निर्देश देखल जाय। अइसन परचार परसार के काम भी जवन भले पब्लिक सेवा के घोषणा के परचार होखे, भले ऊ कॉमर्शियल न होखे, विकिपीडिया के अलावा कहीं अउरी होखे के चाहीं, इहवाँ ना। झुकाव बिबाद देखीं।

विकिपीडिया जोड़, चित्र, फिलिम, गाना भा फ़ाइलन सभ के लिस्ट या गल्ला करे के जगह ना हवे

विकिपीडिया ब्लॉग, वेबसाईट सेवा, यादगार या सामाजिक नेटवर्क ना हवे

विकिपीडिया निर्देशिका (डायरेक्ट्री) ना हवे

विकिपीडिया पाठ्यपुस्तक, बैज्ञानिक पत्रिका, कुंजी या पाठ ना हवे

विकिपीडिया ज्योतिषी या भविष्यवाणी करे के जगह ना हवे

विकिपीडिया अखबार ना हवे

विकिपीडिया मनमाना चीज सभ के बारे में जानकारी के भंडार ना हवे

विकिपीडिया सेंसर्ड (सेंसर कइल गइल) ना हवे

विकिपीडिया के अपने नीति-नियम के बारे में सदस्य लोग आपन अइसन राय, जवन विघटनकारी न होखे, अपना सदस्य पन्ना या सदस्य नाँवस्थान के पन्ना पर रख सकत बाटे अगर ऊ विकिपीडिया के वर्त्तमान संचालन आ भविष्य के संचालन में बदलाव से जुड़ल होखे। हालाँकि, "लेख के वार्ता पन्ना कभी भी संपादक लोग के निजी राय जाहिर करे के मंच के रूप में इअया इस्तेमाल हो सके ला"। (देखीं, बातचीत पन्ना खातिर निर्देश)।

नोट:

  1. देखीं en:Wikipedia:Requests for arbitration/Rex071404
  2. उदाहरण से समझल जाय: मान लीं की विकिपीडिया पर भारत में साक्षरता बिसय पर लेख बाटे। अब आप एकरा वार्ता पन्ना पर भारत में साक्षरता बढावे के उपाय बतावे लागीं त ई उचित नइखे। बातचीत पन्ना पर आप ख़ाली भारत में साक्षरता नाँव के लेख में अउरी कइसे सुधार कर के ओके बेहतर बनावल जाय एही बारे में लिख सकत बानी, न की ओकरे बिसय के बारे में बाहरी बात आ राय देवे लागीं।
  3. ज्योतिष पर लेख बा, ओकरे बातचीत पन्ना पर आपन कुंडली मत बिचरवावे लागीं, या ई मत पूछीं की रउआं जोतखी बनल चाहत बानी आ रउआं किताब के नाँव जानल चाहत बानी।
  4. विकिपीडिया के लेख पन्ना (आ अउरी टेक्नीकल पन्ना सभ: श्रेणी, नेविगेशन बाक्स, वगैरह) दलील आ तर्क बितर्क से ऊपर बाटे; बातचीत पन्ना, सदस्य स्थान पन्ना आ निबंध कुछ अइसन जगह बाटें जहाँ आ अपनी दलील के वकालत कर सकत बानी अगर ऊ सीधे-सीधे विकिपीडिया के बेहतर बनावे से संबंधित होखें आ साथै-साथ विघटनकारी न होखें