पाठक
कौनों लेख में समस्या पाईं त कइसे रिपोट करीं, या अउरी जानकारी हासिल करीं।

लेख बिसय
आपके बारे में, आपके कंपनी के बारे में, या जेकर आप प्रतिनिधि बानी ओकरा बारे में लेख।

लाइसेंस संबंधी
विकिपीडिया से सामग्री कॉपी कइल, आपन सामग्री दान कइल, या कॉपीराइट समस्या पर धियान दियावल।

दानी
देखीं कि कइसे आ दान क सकत बानी आ दान के रकम के का इस्तमाल होला।

प्रेस आ पार्टनरशिप
अगर आप प्रेस से जुड़ल बानी आ विकिपीडिया से संपर्क कइल चाहत बानी।


हमनी के कुछ वालंटियर लोग, राउरो स्वागत बा!

विकिपीडिया पर स्वागत बा!

विकिपीडिया के लगभग सगरी लेख वालंटियर लोगन द्वारा लिखल जालें — दुनिया भर के लोग एह में सामिल बा, जइसे कि आप। एकर मतलब ई बा कि कबो-काल्ह इहाँ गलत जानकारी भी हो सके ला चाहे अइसन दुर्घटनाबस होखे चाहे जान के अइसन कइल गइल होखे।

अगर आप के कौनों गलत जानकारी मिले तब आप नीचे बतावल गइल कुछ काम क सकत बानी।

  1. पहिला काम, आप खुदे सुधार क सकत बानी! विकिपीडिया पर केहुओ संपादन क सके ला। बस पन्ना के दाहिने ओर ऊपर बनल "संपादन" बटन पर क्लिक करीं, सुधार करीं, आ "पन्ना प्रकाशित करीं" बटन पर क्लिक करीं। अगर आप संपादन के बारे में अउरी सीखल चाहत बानी तब मदद के पन्ना देखीं।
  2. अगर आप खुद सुधार ना क पावत बानी, चाहे ना कइल चाहत बानी, सभसे नीक उपाय बा कि लेख के बातचीत पन्ना पर समस्या बतावे वाली टिप्पणी लिख दीं।
  3. उत्पात आ बर्बरता खातिर सभसे नीक बा कि आप खुदे संपादन क के सुधार कइ दीं; हालाँकि, अगर आप ई खुद करे में सक्षम न होखीं तब प्रबंधक सूचनापट पर सनेसा लिख सकत बानी।

अगर इहाँ कौनों लेख ना बाटे जेकरा के आप इहाँ पढ़ल चाहत रहलीं, लेख बनावे खातिर अनुरोध के लिस्ट में ओकरा के जोड़ दीं। दिक्कत ई बा कि ऊ लेख तुरंते बना दिहल जाव अइसन नाहियों हो सके ला, अइसनो हो सके ला कि लेख कबो न बनावल जा सके।

कौनों बात पर सगरी विकिपीडियन सदस्य लोग के धियान दियावल चाहत होखीं तब चौपाल पर सनेसा लिखीं। आपके मदद करे में हमनी के खुसी होखी!