विकिपीडिया:प्रस्ताव द्वारा जियत लोग के जीवनी हटावल
(विकिपीडिया:BLPPROD से अनुप्रेषित)
ई पन्ना पर भोजपुरी विकिपीडिया के कौनों नीति के बर्णन बा, ब्यापक रूप से मान्य आ स्वीकार मानक जिनहन के आम दसा में हर संपादन करे वाला के पालन करे के चाहीं। एह पन्ना में कइल जाए वाला बदलाव हमेशा आम सहमती से होखे के चाहीं। |
हटावले के नीति |
---|
जियत लोग के जीवनी वाला लेख के बारे में प्रस्ताव द्वारा हटावे के बिसेस ब्यवस्था बा, अगर अइसन जीवनी लेख जे केहू जियत ब्यक्ति के बारे में होखे आ लेख में एकहू स्रोत संदर्भ (चाहे हवाला के रूप में या बाहरी कड़ी वगैरह के रूप में) न होखे, एह प्रक्रिया द्वारा हटावल जा सके ला। प्रस्ताव द्वारा हटावे के आम प्रक्रिया से ई अलग एह मायने में बा कि एक बेर एकर टैग लगले पर ई टैग तबे हटावल जा सके ला जब कम से कम एक ठो बिस्वसनीय स्रोत के हवाला जोड़ दिहल जाय।
- एह टैग के लगले के एक हप्ता के बाद लेख के हटावल जा सके ला।
- एक हप्ता के भीतर लेख में सुधार कइल जा सके ला आ बिस्वसनीय स्रोत से संदर्भ दे के ई टैग हटावल जा सके ला।
- अगर एक हप्ता पूरा हो जाय तब लेख कबो हटावल जा सके ला।
- लेख अगर हटा दिहल गइल होखे आ बनावे वाला अब स्रोत के संदर्भ देवे के तइयार होखे, लेख के वापस ले आइल (अनडिलीट कइल) जा सके ला। एह दसा में {{Prod blp/dated}} के दोबारा सबस्टिच्यूट कइल जाला ताकि अगर एकरे बाद भी एक हप्ता में संदर्भ ना जोड़ल जाय, लेख के दोबारा हटा दिहल जाय। टैग के दुबारा लगावे के ई काम पन्ना वापस स्थापित करे वाला प्रबंधक करे ला लोग।
- अगर आपके बनावल लेख एह प्रक्रिया द्वारा हटा दिहल गइल बा आ आप अब संदर्भ जोड़े के स्थिति में बानी, आपन संदर्भ दे के प्रबंधक सूचनापट पर लेख के वापस स्थापित करे (अनडिलीट करे) के अनुरोध क सकत बानी। राउर दिहल संदर्भ से संतुष्ट होखे पर प्रबंधक लेख के दोबारा स्थापित क दी लोग जेह में आगे सुधार कइल जा सकत बा। अगर आप अइसन वापस ले आइल लेख में एक हप्ता के भीतर संदर्भ ना जोड़ब आ लेख दोबारा हटा दिहल जाय तब एकरा के वापस ले आवे के अनुरोध ना कइल जा सकत बा।