विकिपीडिया:जियत लोग के जीवनी
(विकिपीडिया:Biographies of living persons से अनुप्रेषित)
![]() | This page is currently protected from editing. See the protection policy and protection log for more details. Please discuss any changes on the talk page; you may submit an edit request to ask an administrator to make an edit if it is uncontroversial or supported by consensus. You may also request that this page be unprotected. |
![]() | ई पन्ना पर भोजपुरी विकिपीडिया के कौनों नीति के बर्णन बा, ब्यापक रूप से मान्य आ स्वीकार मानक जिनहन के आम दसा में हर संपादन करे वाला के पालन करे के चाहीं। एह पन्ना में कइल जाए वाला बदलाव हमेशा आम सहमती से होखे के चाहीं। |
![]() | संछेप में : केहू जिंदा ब्यक्ति के बारे में लिखल सामग्री कौनहूँ विकिपीडिया पन्ना पर बहुत धियान आ सावधानी से लिखल जाये के चाहीं जेह में सत्यापन अउरी तटस्थता नीति के पालन जरूर से जरूर होखे, आ साथे-साथ ऊ सामग्री मूल रिसर्च ना होखे के चाहीं। |

विकिपीडिया के संपादन करत घरी संपादक के ई बहुत बिसेस रूप से धियान में रखे के चाहीं कि जियत ब्यक्ति के बारे में जानकारी भले ऊ कौनो भी विकिपीडिया पन्ना पर लिखल जा रहल होखे, बहुत नीक से सभ चीज तजबीज के आ बहुते सावधानी से लिखल जाय।[नोट 1] अइसन सामग्री के बहुत मजिगर संबेदनशीलता के जरूरत होखे ला आ ई कड़ाई से यूनाइटेड स्टेट्स (अमेरिका) के कानून के पालन करे वाला होखे के चाहीं जे भी कानून लागू हो रहल होखे।
जियत ब्यक्ति के जीवनी के या जियत ब्यक्ति के बारे में लिखल कौनो सामग्री के विकिपीडिया के तीन गो मूलभूत सामग्री नीति सभ के भरपूर कड़ाई से पालन करे वाला होखे के चाहीं:
- तटस्थता (NPOV)
- सत्यापन (V)
- मूल रिसर्च मनाहीं (NOR)
नोट
- ↑ लोग के जिंदा मानल जाला जबतक ले कि अइसन न माने के पक्का सबूत आ कारण ना होखे। विकिपीडिया पर केहू के एह कारन ना मुअल मान लिहल जाई कि ऊ बहुत दिन से गायब बाटे (जइसे कि कुछ देसन के कानून मुअल घोषित कइ देलें अगर ब्यक्ति एगो निश्चित समय ले गायब होखे (Death in absentia).